Healthy Foods : एह 7 गो चीजन के बिना पानी में भिजवले मत खाईं, बढ़ जाला फायदा, जान लीं सही तरीका

7 Foods You Should Soak Before Eating for Better Health

Share

हेल्थ डेस्क। कइयन गाे खाद्य पदार्थ अइसन होला, जवना के पानी में भिजा के खइला से ओकर फायदा आउर बढ़ जाला। एक्सपर्ट लोगन के कहनाम बा कि अनाज, दाल, नट्स आ बीज जइसन चीज के भिजा के खइला से देह में मवजूद पोषक तत्व आसानी से अवशोषित हो जाला।

कुछ खाद्य पदार्थ में एंटी-न्यूट्रिएंट्स नाम के तत्व होला, जवन देह में पोषक तत्व के अवशोषण में रुकावट डालेला। पानी में भिजवला से एह तत्वन के असर कम हो जाला।

बादाम के भिगो के खाईं

बादाम एगो बहुत हेल्दी ड्राई फ्रूट हs। एकरा के रात भर पानी में भिजा के खइला से पचवला में आसानी होला। भिजवला के बाद बादाम के छिलका निकाल के खाये के चाहीं, काहे कि छिलका में टैनिन नाम के तत्व होला, जवन पोषक तत्व के देह में पहुंचला में बाधा डाल सकेला। सबेरे खाली पेट भिजल बादाम खइला से देह के भरपूर फायदा मिल सकेला।

चिया सीड्स के भिजा के खाईं

चिया सीड्स में ओमेगा-3 फैटी एसिड, फाइबर, प्रोटीन आ एंटीऑक्सीडेंट भरपूर मात्रा में होला। एकरा के 10-15 मिनट पानी भा दूध में भिजा के खइला से ई जेल जइसन बन जाला आ आसानी से पच जाला।

करिया चना भिजा के खाईं

करिया चना बिना भिजवले पकावे में समय जादे लागेला आ खइला में भारी महसूस हो सकेला। भिगवला से ई नरम हो जाला आ फाइटिक एसिड के मात्रा कम हो जाला। एकरा से पाचन बेहतर होला आ गैस के समस्या कम हो सकेला।

राजमा के जरूर भिजाईं

राजमा के रात भर करीब 8 घंटा पानी में भिजा के रखे के चाहीं। एकरा से ई जल्दी पाक जाला। राजमा में मवजूद लेक्टिन नाम के तत्व कच्चा भा अधपका रहला पs नुकसान पहुंचा सकेला।

सोयाबीन भिजा के खाईं

सोयाबीन में प्रोटीन भरपूर होला, बाकिर एकरा में मवजूद ट्रिप्सिन इनहिबिटर आ फाइटेट पाचन पs असर डाल सकेला। भिजवला आ सही से पकवला से एह तत्वन के प्रभाव कम हो जाला।

मेथी दाना भिजा के खाईं

डायबिटीज से परेसान लोगन खातिर मेथी दाना फायदेमंद मानल जाला। रात में भिजावल मेथी दाना के पानी पी सकेनी आ दाना चबा के खा सकेनी। एकरा से शुगर लेवल नियंत्रित रखे में मदद मिल सकेला।

किशमिश भिजा के खाईं

किशमिश के पानी में भिजवला से ई नरम हो जाला आ पचावे में आसान होला। भिजावल किशमिश पाचन तंत्र के बेहतर रखे में मदद कs सकेला आ देह के ऊर्जा देला।

भिजा के खइला के फायदा

  • फलियां, अनाज आ नट्स आसानी से पच जाला।
  • एंटी-न्यूट्रिएंट्स के मात्रा कम हो सकेला।
  • बीज आ नट्स नरम हो जाला आ जल्दी पाक जाला।
  • देह में पोषक तत्व के अवशोषण बेहतर हो सकेला।
  • गैस, अपच आ पेट फूलला जइसन समस्या कम हो सकेला।

हालांकि, कवनो खाद्य पदार्थ के सेवन अपना स्वास्थ्य इस्थिति के हिसाब से करे के चाहीं।

Read Also: EPF Interest Rate : सरकार FY 2025-26 खातिर EPF पs 8.25% ब्याज दर के देलस मंजूरी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-