[the_ad_group id="30365"]

Chardham Yatra:  चारधाम यात्रा पs जाए वालन खातीर खुशखबरी, मिली इs खास सुविधा

चारधाम यात्रा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड में अप्रैल से शुरू होखे वाला चार धाम यात्रा के दौरान भक्तन के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के संगे ऑफलाइन रजिस्ट्रेशन भी कईल जाई ताकि इंटरनेट के इस्तेमाल ना करे पावे वाला तीर्थयात्री के कवनो समस्या के सामना ना करे के पड़े। अधिकारी बतवले कि चारधाम यात्रा के संबंध में इहाँ के यात्रा ट्रांजिट कैंप परिसर में गढ़वाल संभाग आयुक्त विनय शंकर पांडेय के अध्यक्षता में आयोजित बैठक में यात्रा प्रशासन पहिले के गलती से सबक लेके अबकी बेर यात्री पंजीकरण के व्यवस्था में बदलाव करे के फैसला कईले बा।

40 प्रतिशत रजिस्ट्रेशन ऑफलाइन होई

बैठक में फैसला भईल कि श्रद्धालु के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के संगे 40 प्रतिशत ऑफलाइन रजिस्ट्रेशन भी कईल जाई ताकि ग्रामीण क्षेत्र से आवे वाला भक्त एs झंझट से मुक्त हो सकस। पिछला बेर खाली ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के सिस्टम के चलते यात्रियन के बहुते परेशानी के सामना करे के पड़ल. अधिकारी बतवले कि बैठक में इहो फैसला भईल कि रजिस्ट्रेशन के बाद यात्री के दिहल ‘स्लॉट’ में यात्रा क्रम पs विशेष ध्यान दिहल जाई। उनुका मुताबिक उदाहरण खातीर चार धाम जाए वाला के यमुनोत्री, गंगोत्री, केदारनाथ अवुरी बद्रीनाथ के क्रम में ‘स्लॉट’ दिहल जाई। बैठक में गढ़वाल संभागीय आयुक्त लोक निर्माण विभाग के साफ-साफ निर्देश देले कि 15 अप्रैल तक चरधाम यात्रा मार्ग के सभ काम पूरा होखे के चाही।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

यात्रा मार्ग पs हर 10 किलोमीटर पs चीता पुलिस तैनात रही

अधिकारी बतवले कि बैठक में मौजूद गढ़वाल संभाग के पुलिस महानिरीक्षक राजीव स्वरूप से परामर्श के बाद पांडेय यात्रा मार्ग पs हर 10 किलोमीटर पs चीता पुलिस चाहे ‘हिल पेट्रोलिंग यूनिट’ के दस्ता भी तैनात करे के फैसला कईले। सड़कपss जाम अवुरी दुर्घटना के स्थिति में एs दस्ता के जल्दी से सक्रिय कs दिहल जाई। एह बइठक में यात्रा मार्ग पs आए वाला जिलन के जिला मजिस्ट्रेट आ पुलिस अधीक्षक मौजूद रहले.

बद्रीनाथ मंदिर के दरवाजा 4 मई के खुली

एह साल 30 अप्रैल के अक्षय तृतीया पर्व पs चार धाम यात्रा के शुरुआत गंगोत्री आ यमुनोत्री धाम के दरवाजा खोलला से होखी. बद्रीनाथ मंदिर के दरवाजा 4 मई के खुली, जबकि केदारनाथ धाम के खुले के तारीख महाशिवरात्रि के पर्व पs तय होई।

इहो पढ़ीं: Tirupati balaji: तिरूपति मंदिर बोर्ड 18 गो गैर-हिंदू कर्मचारियन के निकलस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]