GIDA Foundation Day Ceremony : गीडा के 36वां स्थापना दिवस समारोह आज से, सीएम योगी गोरखपुर के दिहें 408 करोड़ के सौगात, जानीं पूरा कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 29, 2025

गोरखपुर। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) के 36वां स्थापना दिवस समारोह आज से सुरू होई। एह मौका पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मुख्य अतिथि के रूप में शिरकत करिहें। कार्यक्रम के दौरान सीएम

Share

गोरखपुर। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) के 36वां स्थापना दिवस समारोह आज से सुरू होई। एह मौका पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मुख्य अतिथि के रूप में शिरकत करिहें। कार्यक्रम के दौरान सीएम योगी गोरक्षनगरी के 408 करोड़ रुपिया के 114 गो बड़ परियोजनन के शिलान्यास आ लोकार्पण करिहें, जवन औद्योगिक विकास के नया रफ्तार दी।

सीएम योगी दिहें भूमि आवंटन प्रमाणपत्र

समारोह में मुख्यमंत्री पांच गो प्रमुख निवेशकन के भूमि आवंटन प्रमाणपत्र सउपिहें। एकरा से एह इलाकन में औद्योगिक निवेश के नया गति मिले के उम्मेद बा। गीडा प्रशासन के मोताबिक, एह निवेश से हजारन रोजगार के अवसर पैदा होई।

सीएम योगी जवना परियोजनन के उद्घाटन आ शिलान्यास करिहें, ओमे सामिल बा-

  • विद्युत उपकेंद्रन के निर्माण
  • फीडर आ लाइन के सुदृढ़ीकरण
  • नया सड़के
  • पार्किंग सुविधा
  • जलापूर्ति आ जल निकास से जुड़ल प्रमुख काम

ई सब काम गोरखपुर के औद्योगिक ढांचा के मजबूत करी आ निवेशकन खातिर बढ़िया माहौल तइयार करी।

तीन दिन के यूपी ट्रेड शो के होई शुभारंभ

स्थापना दिवस के संगही सीएम योगी तीन दिवसीय यूपी ट्रेड शो के उद्घाटनो करिहें, जवन स्थानीय आ क्षेत्रीय उत्पाद के बड़ बाजार दी। बेयपारी आ उद्योगन के एह शो से नया अवसर मिले के आस बा।

गीडा में 6139 करोड़ के निवेश प्रस्तावित

गीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी अनुज मालिक बतवलें कि चालू वित्तीय बरिस में 8,71,841 वर्गमीटर क्षेत्रफल में 115 औद्योगिक भूखंड आवंटित भइल बा। एकरा से 6139 करोड़ के निवेश प्रस्तावित बा आ करीब 11,000 से जादे रोजगार के अवसर बन सकेला।
आज सीएम योगी एह आवंटनन में से पांच बड़ निवेशकन के आवंटन पत्र सउपिहें।

Read Also: GDP: भारत के जीडीपी दूसरका तिमाही में 8.2% बढ़ल, पिछला छव तिमाही में सबसे मजबूत आंकड़ा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.