उत्पाद विभाग के कार्रवाई में 35 लोग गिरफ्तार : शराब पिये आ तस्करी करे वाला धराइल लो, चेकपोस्ट आर अलग-अलग थाना क्षेत्रन में मारल गइल रेड

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 29, 2024

गोपालगंज जिला अलग-अलग थाना क्षेत्रन में शराब के खिलाफ उत्पाद विभाग के टीम विशेष अभियान चलाके कुल 35 लोगन के शराब पिये आ बेचे के ममिला में गिरफ्तार कइल गइल ना गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्तन

Share

गोपालगंज जिला अलग-अलग थाना क्षेत्रन में शराब के खिलाफ उत्पाद विभाग के टीम विशेष अभियान चलाके कुल 35 लोगन के शराब पिये आ बेचे के ममिला में गिरफ्तार कइल गइल ना

गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्तन के खिलाफ उत्पाद विभाग उत्पाद अधिनियम के तहत दर्ज कs के विधि सम्मत कार्रवाई कइलस।

उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज

उत्पाद विभाग के टीम नोडल रेड के तहत कुल 35 लोगन के बलथरी चेकपोस्ट समेत अलग-अलग चेक पोस्ट के आलावे कइयन गो थाना क्षेत्रन में छापेमारी कs के गिरफ्तार कइले बिया। उत्पाद विभाग के एह कार्रवाई में शराब पिये के आरोप में 29 आ शराब बेचे के आरोप में छव गो आ कुल 35 आरोपियन के गिरफ्तारी अलग-अलग जगहन से कइले बा।

उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवलें कि नोडल रेड के तहत कुल 35 लोगन के गिरफ्तार कs के उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज कइल गइल बा। विधि सम्मत कार्रवाई कइल जा रहल बा। अभी अभियान लगातार जारी रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.