फर्जी जॉइनिंग लेटर देवे वाला 3 बदमाश पटना से गिरफ्तार: गोपालगंज में नौकरी दियावे के नाम पर लगावत रहलें सs चूना

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

गोपालगंज में संस्कृत शिक्षक के पद पर नौकरी के नाम पs फर्जी नियुक्ति पत्र देवे वाला गिरोह के तीन बदमाश के पुलिस पटना से गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्त से पुलिस पूछताछ के

Share

गोपालगंज में संस्कृत शिक्षक के पद पर नौकरी के नाम पs फर्जी नियुक्ति पत्र देवे वाला गिरोह के तीन बदमाश के पुलिस पटना से गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्त से पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया।

एमे पूर्वी चंपारण (मोतिहारी) जिला के बेलासपुर थाना क्षेत्र के मोतिहारी गांव निवासी हिसाबुदीन के बेटा शहिद रजा आ भोजपुर (आरा) जिला के जगदीशपुर थाना क्षेत्र के कवरा गांव निवासी ओमप्रकाश सिंह के बेटा विश्वजीत कुमार सिंह आ मनीष कुमार सिंह सामिल बाड़े सs।

नौकरी के नाम पर कइले रहले सs ठगी

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि 14 नवंबर, 2023 के थावे थाना रामचन्द्रपुर गांव निवासी स्वर्गीय रामाशंकर सिंह के बेटा शैलेश कुमार सिंह लिखित आवेदन देके ममिला दर्ज करवले रहस। एमे पीड़ित नौकरी के नाम पर रूपिया के ठगी करे आ जाली जॉइनिंग लेटर देवे के आरोप में शहिद रजा, विश्वजीत सिंह आ मनीष कुमार के विरूद्ध नामजद ममिला दर्ज करावल गइल।

दर्ज ममिला के आधार पs पुलिस जांच सुरू कs देलस। जांच के दौरान तकनीकी आ मानवीय सूचना के आधार पs कांड के प्राथमिकी अभियुक्त शहिद रजा, विश्वजीत कुमार सिंह आ मनीष कुमार सिंह के पटना से गिरफ्तार कइल गइल बा। पूछताछ के क्रम में गिरफ्तार अभियुक्त नौकरी के नाम पs रूपिया ठगी करे के बात सकरले बाड़ें सs।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.