[the_ad_group id="30365"]

छपरा के जलालपुर पावर सब स्टेशन में सबेरे 10 बजे से तीन घंटा के पावर कट, ट्रांसफार्मर के होई रिपेयरिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के जलालपुर आ बनियापुर प्रखंड के कुछ हिस्सन में पावर कट रही। जलालपुर के चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाये के बा।

एकरा के लेके बिजली विभाग के ओर से सूचना जारी कइल गइल बा। बियफे के सबेरे 10 बजे से एक बजे तक पावर कट रही। एह दौरान सब स्टेशन आ ट्रांसफार्मर के रिपेयरिंग कइल जाई। हाल के दिनन में चतरा पावर सब स्टेशन से पावर ट्रिप के समस्या सामने आ रहल बा।

संगही बरसात के लेके सब तारन के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एह दौरान तीन घंटा के पावर कट रही। पावर कट से पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा।

कनीय अभियंता बतवलें कि गरमी आ बरसात से पावर ट्रांसमिशन पs भारी लोड आ दबाव पड़ रहल बा। जवना से ओवर हिट आ पावर ट्रिप के समस्या आ रहल बा। एकरा के  लेके मरम्मती के काम कइल जाये के बा। लगभग तीन घंटा तक बिजली बाधित कइल जाई। मरम्मती के काम पूरा गइला के बाद एक बजे से बिजली बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]