छपरा में आज 10 बजे से 1 बजे तक 3 घंटा के पावर कट: एक्सटेंशन और ट्रांफॉर्मर के होई रिपेयरिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 23, 2024

छपरा शहरी क्षेत्र में आज तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। मानसून के बरखा के बीच बिजली विभाग पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जा रहल बा। एकरा के लेके

Share

बिजली गुल

छपरा शहरी क्षेत्र में आज तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। मानसून के बरखा के बीच बिजली विभाग पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जा रहल बा। एकरा के लेके शहरी क्षेत्र के साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में बिजली मरम्मती के काम कइल जाये के बा।

प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। एकरा के छपरा शहर के उत्तरी हिस्सा में पावर कट रही। बिजली विभाग के ओर से सबेरे 10 से एक बजे तक बिजली बाधित कइल जाये के सूचना दिहल गइल बा। एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। कार्य समाप्ति के बाद फेर एक बजे बिजली बहाल कs दिहल जाई।

कनीय अभियंता बतवलें कि बरसात के मौसम में बिजली पs लोड पड़ रहल बा। एकरा के लेके पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। पावर ट्रिप के समस्या के लेके पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जा रहल बा।

प्रभुनाथ नगर पीएसएस से संचालित होखे वाला साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में पावर कट कइल गइल बा। एह दौरान तार ट्रान्सफार्मर आ जंफर के रिपेयरिंग कइल जाये के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान भइल परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमा प्रार्थी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.