21 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2022

दिनांक- 21/02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-पंचमी रात के 07 बजके 21 मिनट ले ओकरा बाद षष्ठी दिन-सोमार चित्रा नक्षत्र दिन में 3 बजके 54 मिनट ले, ओकरा बाद स्वाती

Share

दिनांक- 21/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-पंचमी

रात के 07 बजके 21 मिनट ले

ओकरा बाद षष्ठी

दिन-सोमार

चित्रा नक्षत्र

दिन में 3 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाती नक्षत्र,

गण्ड जोग

दिन में 01 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

कौलव करण यायिजययोग

दिन में 03 बजके 54 मिनट ले।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-22/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

साँझ के 05 बजके 33 मिनट ले,

दिन-मंगर

स्वाती नक्षत्र

दिन में 02 बजके 50 मिनट ले,

वृद्धि जोग

दिन में 10 बजके 28 मिनट ले,

गर करण।

गुर्वस्त: पश्चिमे

दिन में 03 बजके 48 मिनट पs।

त्रिपुष्कर जोग

दिन में 05 बजके 33 मिनट ले।

रवि जोग दिन में 02/50 मिनट ले।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 आत्मविसवास के संगे नाया बेवसायिक काम के पूरा करेम आ पारिवारिक विवाद हल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जतरा आ देसाटन के इस्तिथी सुखद रही। रचना के काम में सफलता मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। घर आ काम के जगे  पs स्नेह  आ मेलजोल रही। मन में तनाव जाग सकेला। धीरज से काम ली। जीवन   साथी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।       सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। उपहार आ सम्मान मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  घर के जरूरी सामान बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से राउर वर्चस्व     बढ़ी। नाया काम पूरा होखी। रचना के काम सफल रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। दोसरा से सहजोग लेला से सफलता      मिली। सांस्कृतिक भा राजनैतिक काम में बाझल रहब। आर्थिक ममिला      में सफलता मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। रचना के काम सफल होई। उपहार भा सम्मान मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

  जीवन साथी के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। उपहार भा सम्मान मिली। कइल गइल मेहनत सफल होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

  अइसन कवनो घटना हो सकेला जवन रउआ हित में ना होखे। स्वास्थ के      लेके धेयान रखला के जरूरत बा। बेकार के उलझन रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  शिक्षा से जुडल प्रतियोगिता के क्षेत्र डेग आगा बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी    पूरा होई। आर्थिक ममिला में सफलता मिली। रचना के काम में सफलता      मिली। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

  शासन सत्ता के लाभ मिली। इयारी में संबंध गहिराह होई। खीस पs लगाम    राखे के होई। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 सुखद समाचार मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। रचना के काम आगा बढ़ी। काम में सफलता मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

   संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा  प्रतियोगिता के झेत्र में डेग आगा बढ़ी। बेवसायिक कोसिस सफल होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.