स्पोर्ट्स डेस्क। 24 सितंबर 2007 के दिन दक्षिण अफ्रीका के जोहानिसबर्ग इस्थित वांडरर्स स्टेडियम एगो ऐतिहासिक मुकाबला के गवाह बनल रहे। ई टी20 विश्व कप इतिहास के पहिला फाइनल रहे, जवना में क्रिकेट के दुनिया के दूगो प्रतिद्वंद्वी भारत आ पाकिस्तान आमने-सामने रहे। विजेता टीम के खाली विश्व चैंपियन ना बने के रहे, बलुक टी20 क्रिकेट के पहिला विश्व चैंपियन के रूप में इतिहास में आपन नाम दर्ज करावे के रहे। महेंद्र सिंह धोनी के कप्तानी में भारतीय टीम ई इतिहास रचलस।
जुवा खिलाड़ी लहरवले रहे लो तिरंगा
भारतीय टीम पाकिस्तान के हराके पहिला टी20 विश्व कप के चैंपियन बने के गौरव हासिल कइलस। हालांकि भारत-पाकिस्तान के मुकाबला में जीत-हार के इतिहास पुरान बा, बाकिर 2007 के ई जीत भारतीय क्रिकेट के सबसे यादगार पलन में सामिल बा। जुवा कप्तान धोनी के अगुआई में नवहा खिलाड़ियन से भरल टीम खिताब जीते के बाद जब तिरंगा लहरवलस, तब करोड़न भारतीय क्रिकेट प्रशंसकन के सीना गर्व से चौड़ा हो गइल।
ओह समय टी20 क्रिकेट धीरे-धीरे लोकप्रिय होत रहे। भारतीय टीम के एह फॉर्मेट में बहुत मजबूत दावेदार ना मानल जात रहे आ खिताब जीते के संभावना कम बतावल जात रहे। बाकिर धोनी के टीम जुवा जोश के संगे सानदार प्रदर्शन कइलस आ खिताब अपना नामे कs लेलस।
गंभीर खेलले रहस यादगार पारी
मुकाबला में भारतीय कप्तान महेंद्र सिंह धोनी टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलें। भारत खातिर गौतम गंभीर आ युसूफ पठान पारी के सुरुआत कइल लो। पठान आठ गेना में 15 रन बना के आउट हो गइलें। गौतम गंभीर सानदार बल्लेबाजी करत 54 गेना में 75 रन बनवलें। एह पारी में दूगो छक्का आ आठ गो चौका सामिल रहे। गंभीर के पारी के बदौलत भारत पांच विकेट पs 157 रन बनावे में सफल रहल। छठा नंबर पs बल्लेबाजी करे आइल रोहित शर्मा 16 गेना में 30 रन के अहम पारी खेललें।
157 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल पाकिस्तान के टीम 19.3 ओवर में 152 रन पs ऑलआउट हो गइल। भारत पांच रन से जीत हासिल कs के पहिला टी20 विश्व कप के खिताब अपना नामे कs लेलस।
भारत खातिर आरपी सिंह आ इरफान पठान तीन-तीन विकेट लिहल। जोगिंदर शर्मा दू गो आ एस. श्रीसंत एगो विकेट हासिल कइलें।
आखिरी ओवर में बदल गइल पूरा मैच
ई मुकाबला आखिरी गेना तक रोमांच से भरल रहल। पाकिस्तान के जीत खातिर आखिरी ओवर में 13 रन चाहत रहे, जबकि भारत के खाली एगो विकेट के जरूरत रहे। पाकिस्तान नव विकेट पs 145 रन बना चुकल रहे आ मिस्बाह-उल-हक टीम के जीत के करीब ले आइल रहलें। धोनी आखिरी ओवर फेंके के जिम्मेदारी जोगिंदर शर्मा के देलें।
पहिला गेना वाइड रहे। अगिला गेना पs कवनो रन ना बनल। फेर मिस्बाह अगिला गेना पs छक्का जड़ देलें। अब पाकिस्तान के जीत खातिर तीन गेना में छव रन चाहत रहे।
मिस्बाह अगिला गेना के फाइन लेग के ओर खेललें। गेना हवा में गइल आ एस. श्रीसंत सानदार कैच पकड़ लेलें। एह कैच के संगे भारत पहिला टी20 विश्व कप के चैंपियन बन गइल।
टी20 में भारत के सानदार रिकॉर्ड
भारतीय टीम टी20 क्रिकेट के सबसे सफल टीमन में सामिल बिया। भारत एह फॉर्मेट में 200 जीत हासिल करे वाली पहिला टीम बनल। भारत 2007, 2024 आ 2026 में टी20 विश्व कप के खिताब जीत चुकल बा।
भारत टी20 विश्व कप के खिताब के सफलतापूर्वक बचावे वाली एकमात्र टीम रहल बिया। महेंद्र सिंह धोनी, रोहित शर्मा आ सूर्यकुमार यादव के कप्तानी में भारत टी20 विश्व कप के ट्रॉफी जीत चुकल बा।
Read Also: Ajit Agarkar : अजीत अगरकर दिहें इस्तीफा, एह तारीख के बीसीसीआई करी नया चीफ सेलेक्टर के नाम के एलान






