Ajit Agarkar : अजीत अगरकर दिहें इस्तीफा, एह तारीख के बीसीसीआई करी नया चीफ सेलेक्टर के नाम के एलान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सामने फिलहाल नया चीफ सेलेक्टर चुने के चुनौती बा। चीफ सेलेक्टर के पद पs मवजूद अजीत अगरकर के कार्यकाल अब खतम होखे वाला बा। एह बीच बोर्ड

Share

Ajit Agarkar BCCI Chief Selector

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सामने फिलहाल नया चीफ सेलेक्टर चुने के चुनौती बा। चीफ सेलेक्टर के पद पs मवजूद अजीत अगरकर के कार्यकाल अब खतम होखे वाला बा। एह बीच बोर्ड के नया सेलेक्शन कमेटी के मुखिया के तलाश बा। बीसीसीआई सचिव देवजीत सैकिया कहलें कि बोर्ड के लगे नया चीफ सेलेक्टर चुने खातिर पर्याप्त समय बा।

चार अक्टूबर के अजीत अगरकर के कार्यकाल पूरा हो जाई। ऊ बोर्ड के पहिले से बता चुकल बाड़ें कि ऊ अपना करार के विस्तार नइखन चाहत। एह तरे से चार अक्टूबर के बाद बतौर चीफ सेलेक्टर उनकर जिम्मेदारी खतम हो जाई। अगरकर 18 सितंबर के बीसीसीआई के अपना फैसला के जानकारी दे देले रहलें।

नया चीफ सेलेक्टर के लेके जल्दबाजी नइखे

बीसीसीआई सचिव देवजीत सैकिया के कहनाम बा कि बोर्ड अगरकर के जगे नया चीफ सेलेक्टर के नियुक्ति के लेके कवनो जल्दबाजी में नइखे। ऊ कहलें कि अगरकर के कार्यकाल पूरा होखे के बाद बोर्ड एह पs फैसला करी।

सैकिया पीटीआई से बातचीत में कहलें कि अजीत अगरकर के कार्यकाल चार अक्टूबर के खतम हो रहल बा आ ओह तारीख तक बोर्ड के लगे पर्याप्त समय बा। खाली होखे वाला पद के बारे में चार अक्टूबर के बाद फैसला लिहल जाई। बीसीसीआई जब नया चीफ सेलेक्टर के बारे में फैसला करी, तs ओकर आधिकारिक घोषणा कs दी।

नया चीफ सेलेक्टर पs बड़ जिम्मेदारी

अजीत अगरकर के कार्यकाल में भारतीय टीम दू गो टी20 वर्ल्ड कप जीतलस आ चैंपियंस ट्रॉफी पs कब्जा जमवलस। हालांकि, एह दौरान टीम से जुड़ल कइयन गो फैसला चर्चा में रहल। एमे विराट कोहली आ रोहित शर्मा के अगिला वनडे वर्ल्ड कप में खेले के सवाल आ सूर्यकुमार यादव के जगह श्रेयस अय्यर के कप्तानी देवे जइसन फैसला सामिल बा।

अब नया चीफ सेलेक्टर के सामने कइयन गो अहम चुनौती रही। खास तौर पs विराट कोहली आ रोहित शर्मा के टीम में भूमिका के लेके ओकरा रुख पs नजर रही। नया सेलेक्शन कमेटी के मुखिया पs अगिला साल होखे वाला वनडे वर्ल्ड कप खातिर मजबूत टीम चुने के बड़ी जिम्मेदारी होई।

Read Also: IIT बॉम्बे सुसाइड केस: राहुल गांधी साहिल वाकोड़े के माई-बाप से कइलें बात, हर संभव मदद के दिहलें भरोसा

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.