[the_ad_group id="30365"]

Chapra News: देसी कट्टा से केक काटके बर्थडे मना रहल 2 जुवक गिरफ्तार

दुनो जुवकन के गिरफ्तार करे पहुंचल पुलिस।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में देसी कट्टा के संगे बर्थडे केक काटल एगो जुवक के महंगा पड़ गइल। पुलिस वीडियो फोटो के आधार पs कार्रवाई करत दुगो जुवकन के गिरफ्तार कs लेले बिया। गिरफ्तार जुवकन के पहचान दाऊदपुर थाना क्षेत्र के लहमारी गांव निवासी मुन्ना अंसारी पिता नसीम अंसारी आ निशाद अंसारी पिता सनउर अंसारी के रूप में भइल बा।

दुनो जुवक अपना आउर दोस्तन के संगे एकमा थाना क्षेत्र के छितरवालिया गांव के बगइचा में देसी कट्टा के संगे केक काटके जन्मदिन मनावत रहलें सs। एकर जानकारी स्थानीय लोग एकमा थाना के पुलिस के दिहल। थानाध्यक्ष कार्रवाई करत दुनो जुवकन के गिरफ्तार कs लेलें आ आउर जुवकन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

एसपी कुमार आशीष प्रेस रिलीज जारी करत बतवलें कि एकमा थाना के ओर से गुप्त सूचना पs दु जुवकन के हथियार के संगे पकड़ल गइल बा। छितरबलिया बगीचा इस्थित राजीव सिंह के पोखरा के लगे दुनो जुवक देसी कट्टा के संगे केक काटत रहे लो। ममिला के लेके एकमा थाना में कांड दर्ज कs के आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]