Rudraprayag Accident में गइल रहे 15 गो जान, दुर्घटना के लीड एजेंसी सउंपलस जांच रिपोर्ट, भइल कई गो चउकावे वाला खुलासा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2024

Rudraprayag Accident 15 जून के रुद्रप्रयाग के रैंतोली के लगे भइल वाहन दुर्घटना में 15 व्यक्तियन के मौत भइल रहे। वाहन में 26 यात्री सवार रहले। दुर्घटनास्थल मार्ग के उऽ छोट हिस्सा रहे जहां क्रैश

Share

Rudraprayag Accident 15 जून के रुद्रप्रयाग के रैंतोली के लगे भइल वाहन दुर्घटना में 15 व्यक्तियन के मौत भइल रहे। वाहन में 26 यात्री सवार रहले। दुर्घटनास्थल मार्ग के उऽ छोट हिस्सा रहे जहां क्रैश बैरियर के जगहा पs सीमेंट के पैराफिट लागल रहे। लीड एजेंसी के रिपोर्ट में ई बात के जिक्र कइल गइल बा। ई रिपोर्ट मुख्यालय के सउंप देले बा।

ऋषिकेश-श्रीनगर-रुद्रप्रयाग राष्ट्रीय राजमार्ग 58 पs जदि रैंतोली के लगे राजमार्ग पs क्रैश बैरियर लागल रहित तऽ संभवतया दुर्घटना घरी वाहन में सवार 15 यात्रियन के जान बच सकत रहे। दुर्घटनास्थल मार्ग के उऽ छोटहन हिस्सा रहे, जहां क्रैश बैरियर के स्थान पs सीमेंट के पैराफिट लागल रहे, जवन तेज रफ्तार वाहन के ना रोक पावल।

मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी के निर्देश पs परिवहन विभाग द्वारा जांच खातिर भेजल गइल लीड एजेंसी के रिपोर्ट में एह बात के जिक्र कइल गइल बा। ई रिपोर्ट मंगर के मुख्यालय के सउंपल गइल। एह रिपोर्ट में कहल गइल बा कि दुर्घटना के एक दिन पहिले वाहन रात 11 बजे दिल्ली से चलल रहे।

दुर्घटना स्थल पs 400 किमी के सफर तय कऽ के उऽ 12 घंटा बाद, यानी भोरे 11.20 पs पहुंचल। एही दौरान वाहन चालक अलगा – अलगा  जगहा  पs कुल तीन घंटा के आराम लेले। एकरा से उनकर नींदो पूरा ना भइल रहे।

हिल एंडोर्समेंट खातिर आवेदन

वाहन चालक दुर्घटना के बाद हिल एंडोर्समेंट खातिर आवेदन कइले रहे। एकर अर्थ ई भइल कि ओकरा पहिले एकर जानकारी ना रहे, माने की पर्वतीय मार्ग पs वाहन संचालन के अनुभव ना रहे। आ उऽ पहिला बेर पर्वतीय मार्ग पs वाहन के संचालन करत रहे। जहवां वाहन गिरल, ओकरा से पहिले आ ओकरा आगे क्रैश बैरियर लागल बा। खाली ओही जगह पs पांच पैराफिट लागल रहे।

एहूमें तीन गो गाड़ी तूड़ देले रहे। साफ बा कि वाहन तेज गति से चलत रहे। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि जदि इहाँ एक-दूसरा से जुड़ल क्रैश बैरियर लागल रहित तऽ वाहन नीचे गिरे बच जाइत आ दुर्घटना में हताहत के संख्या जीरो होइत। रिपोर्ट में चेकपोस्ट पs वाहन के चेकिंग ना होखे  के बात कहल गइल बा। तर्क ई दिहल गइल बा कि चेकपोस्ट में जांचल गइल वाहनन में एह वाहन के नंबर अंकित ना रहे।

साथही रिपोर्ट में पर्वतीय मार्ग पs बनल सब धार्मिक जगहन खातिर ग्रीन कार्ड जारी करे के व्यवस्था लागू करे पs विचार करे के सुझावो दिहल गइल। 15 जून के रुद्रप्रयाग के रैंतोली के लगे भइल वाहन दुर्घटना में 15 व्यक्तियन के मृत्यु भइल रहे। वाहन में 26 यात्री सवार रहले।

संभागीय परिवहन अधिकारी द्वारिका प्रसाद के अध्यक्षता में गठित लीड एजेंसी में सहायक निदेशक पुलिस अविनाश चौधरी, सहायक निदेशक परिवहन नरेश संगल आ सहायक निदेशक लोनिवि संजय बिष्ट शामिल रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.