Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

07 नवंबर 2022 के राशिफल

612

दिनांक- 07/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल  पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन में 03 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद पुर्णिमा।

दिन- सोमार

अश्विनी नक्षत्र

रात में 01 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद भरणी नक्षत्र।

सिद्धि जोग

रात में 11 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यतीपात जोग।

वणिज करण।

व्रताय पुर्णिमा।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 08/11/2022

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- पुर्णिमा

दिन में 03 बजके 53 मिनट ले।

दिन- मंगर।

भरणी नक्षत्र

रात में 01 बजके 52 मिनट ले।

व्यतीपात जोग

रात में 10 बजके 50 मिनट ले।

 बव करण।

कार्तिक पुर्णिमा।

गुरु नानक जयंती।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कम समय में काम के पूरा करे में लागल रहब। समय के सदुपयोग करीं। विशेष महत्व के काम करे के कोसिस करीं, सफलता मिली। कारोबारी समस्यन से सामना होई। साँझ के बेरा जतरा (यात्रा) मत करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

समय अनुकूल नइखे, निवेश से बचीं। धैर्य से कार्य संपादन में लागल रहीं। रूकल कार्कीमन के पूर्ति होई। शुभ कामन में मन लागी। विदेश जाये के जोग बन रहल बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

समय के सदुपयोग करीं, संघतिया संगे मिल के कवनो नया काम शुरू क सकत बानी। विशेष लोगन से मुलाकात होई। मनचाहा काम सिद्ध होई। झूठ बोल के फंस सकत बानी ।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आपन लोगन के बात से मन दुखी होई। शासन-सत्ता के सहजोग मिली। आश्वासन प्राप्त होई। कारोबार में सफलता मिली। सामाजिक संबंधन के लाभ मिली। शुभ कामन में खरचा होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

 दिन के सुरुआत व्यस्तता पूर्ण रही। देव दर्शन आ निजी कामन में समय बीती। कारोबार में सफलता मिली। भाग्य में प्रबलता रही। दूर स्थान से सनेस प्राप्त होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 आध्यात्मिक तरक्की होई। धन लाभ खातिर कइल गइल कोसिस सफल होई। परिजनन के सहजोग मिली। अनुबंधन के पूर्ति होई। संबंधन के लाभ मिली। न्याय पक्ष उत्तम।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

कारोबार में विस्तार के जोग बन रहल बा। नया योजना के लाभ मिली। परिजनन के बेवहार कमजोर रही। दांपत्य संबंधन में मधुरता आई। धार्मिक यात्रा के  योजना बनी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 काम बहुत बा उचित रही कि रउआ अच्छा से पहिले कार्यनीति तय करीं। एकरा बादे काम सुरु करीं।धीरज से अपना कामन के प्रति समर्पित रहीं। दुपहरिया से कुछ राहत के अनुभव होई। कोर्ट कचहरी के चक्कर लाग सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

स्वास्थ के धेयान राखीं। अनुकूल समय के सदुपयोग करीं। महत्व के कामन के प्राथमिकता दीं। आपन संगत बदलीं। बड़ लोगन के आदर करीं। संतान सुख सम्भव बा। वाहन किने के मन होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

शासन-प्रशासन के सहयोग न मिलला से काम बाधित होई। लम्बित कामन में आस बलवती होई। सामाजिक संबंधन में प्रगाढता आई। जतरा सफल रही। शुभ कामन में खरचा होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

साझेदारी में कइल गइल कारोबार में तरक्की होई। धन लाभ होत रही। नया मकान दुकान किने के जोग बा। धरम-करम में रूचि बढ़ी। शुभ समाचार प्राप्त होई। जतरा सफल रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

समय अनुकूल नइखे, सतर्क रहीं। कवनो नया काम सुरू करे में देरी होई। कवनो अपना के प्रति शुभभावना के उदय होई। आस बलवती होई।

372070cookie-check07 नवंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.