Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

05 नवंबर 2022 के राशिफल

571

दिनांक- 05/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल  पक्ष

तिथि- द्वादशी

साँझ 05 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- सनीचर।

उत्तराभाद्रपदा नक्षत्र

रात में 01 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद रेवती नक्षत्र।

हर्षण जोग

रात में  03 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद व्रज जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 06/11/2022

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन में 04  बजके 33 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रेवती नक्षत्र

रात में 12 बजके 55 मिनट।

व्रज जोग

रात में 01 बजके 27 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

क्षणिक आवेग में आके कवनो निर्णय मत लीं।  ई राउर लईकन के हितन के नुकसान पहुंचा सकत बा। चतुर वित्तीय योजनन में फंसला से बांचे- निवेश करत घरी बहुते सावधान रहेम। राउर निजी जिनगी में कुछ महत्वपूर्ण घटित होई, जवन रउआ आ राउर परिवार खातिर खुशी ले आई। आज रोमांटिक पहलू जिनगी से गायब हो जाई।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के रउआ खातिर बढ़िया रही। जदि रउआ अपना जीवनसाथी से स्नेह के अपेक्षा रखत बानी त आज के दिन राउर उम्मीदन प खरा उतरी। जीवनसाथी के संगे कहीं घूमे जाये के प्लान बना सकत बानी आ निम्मन मौसम के लुत्फ उठा सकत बानी। आज आर्थिक पक्ष मजबूत रही। परिवार के सदस्यन के जरूरतन के पूरा करे में सक्षम होखेम। माई-बाबूजी के आशीर्वाद लेके घर से बाहर निकलीं, राउर सब काम होईं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज आपका कोई जरूरी काम पूरा होगा. कार्यस्थल पर आपको कई मौके मिलेंगे, उनका लाभ उठाएं। परिवार के बड़े-बुजुर्गों का अधिकतम सहयोग आपको प्राप्त होगा। आप पूरे दिन खुश रहेंगे। कोई नया काम शुरू कर पाएंगे। वित्तीय लाभ और भाग्य की संभावना है।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

राउर कठोर बेवहार राउर जीवनसाथी के संगे संबंधन में तनाव लेआ सकत बा। अइसन कवनो काम करे से पहिले ओकरा अंजाम के बारे में सोच लीं। हो सके त आपन मूड बदले खातिर कहीं आउर जाईं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर दिन सामान्य रहीं। जवन लोग राजनीति के क्षेत्र से जुड़ल बा ऊ आज कवनो सामाजिक कार्यक्रम में जा सकत बा लो। उहां सबकर धेयान  राउर बातन प रही। आज वाहन चलावत घरी सावधान रहीं। कपड़ा के बेवसाय करे वाला एह राशि के जातकन खातिर आज के दिन अच्छा बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज जतरा कइल रउआ खातिर आनंददायक रही। जतरा के दौरान वाहन सावधानी से चलाईं। परिवार आ संघतिया लोगन के सहजोग से मन में प्रसन्नता रही। छात्रन खातिर ई समय बहुते अनुकूल रही। स्वास्थ्य के प्रति सचेत रहीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

लमहर समय से जवन थकान आ तनाव महसूस करत रहनी, ओकरा से रउआ राहत मिली। एह समस्यन से स्थायी समाधान पावे खातिर अब जीवन शैली में बदलाव करे के सही समय बा। अतिरिक्त पईसा रियल एस्टेट में निवेश कइल जा सकत बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ बहुते ऊर्जावान महसूस करेंम। कार्यक्षेत्र में राउर प्रगति कुछ बाधा के कारण अटक सकत बा, रउआ धीर रखला के आवश्यकता बा। आज राउर दांपत्य जिनगी खुशियन से भरल रही। आज राउर दिन परिवार वालन के संगे बीती।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

धनु राशि के लोगन के आज कार्यक्षेत्र में सम्मान हो सकत बा। भगवान भोलेनाथ के कृपा से धन के प्राप्ति होई। प्रगति के मार्ग प्रशस्त होई। संपत्ति के काम बहुत बड़ लाभ दे सकत बा। खरचा में बढ़न्ती होई,धनु राशि के लोग अपना कलात्मक आ रचनात्मक शक्ति में बढ़न्ती करी लो। रिश्तन में मधुरता बढ़ी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 जइसे मरीचा खाना के स्वादिष्ट बनावेला, ओहि तरे जिनगी में तनिका दुखो जरूरी बा आ तबे खुशी के असली कीमत पता चलेला। आर्थिक ममिलन में अतिरिक्त सावधानी बरतला के जरूरत बा। लईकन के पढ़ाई के लेके चिंता कइला के जरूरत नइखे।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर रुझान धार्मिक कामन कावर रही। आज के दिन रिश्तेदारन के संगे आपन संबंधन के फेर से ताजा करे के बा। रउआ कवनो धार्मिक कार्यक्रम में शामिल होई। एह राशि के शादीशुदा लोग अपना जीवनसाथी के खुश करे खातिर कवनो निम्मन योजना बना सकत बा लो।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मीन राशि के लोगन के आज नौकरी से जुड़ल कवनो निम्मन खबर सुने के मिल सकत बा। सामाजिक उत्सवन में भाग लेवे के अवसर मिल सकत बा, जवन रउआ के प्रभावशाली लोगन के संपर्क में ले आई।

369990cookie-check05 नवंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.