[the_ad_group id="30365"]

04 सितंबर 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 04/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि-अष्टमी

रात के 12 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- सुक।

रोहिणी नक्षत्र

रात के 11 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

हर्षण जोग

दिन के 03 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/09/2026

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 09 बजके 53 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

रात के 09 बजके 30 मिनट ले।

व्रज जोग

दिन के 12 बजके 46 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया मवका मिल सकेला। परिवार के लोगन के सहजोग मिली। बेवजह के खरचा से बचीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं। सेहत ठीक रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर बातचीत के तरीका से फायदा मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। संघतियन से मुलाकात होई। निवेश में जल्दबाजी मत करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुसी के माहौल रही। नौकरी में अधिकारी लोग राउर काम के सराहना कs सकेला। भावुक होके कवनो फैसला मत लीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता के पूरा फायदा मिली। काम में सफलता के जोग बा। धन के आवक बढ़ सकेला। घर-परिवार में समय जरूर दीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। नौकरी भा कारोबार में नया अवसर मिल सकेला। पुरान संघतिया से बातचीत हो सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज साझेदारी के काम में फायदा हो सकेला। रिश्तन में मिठास बढ़ी। आर्थिक ममिलन में सावधानी जरूरी बा। जतरा के जोग बन सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

राउर मेहनत रंग ले आई। करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। परिवार के कवनो सदस्य से जरूरी सलाह मिल सकेला। तनाव से बचीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य राउर साथ दे सकेला। पढ़ाई आ करिअर में सकारात्मक परिणाम मिली। नया योजना पs काम सुरू करे खातिर दिन बढ़िया बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। आर्थिक लाभ के मवका मिली, बाकिर खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा। परिवार के संगे अच्छा समय बिताईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया विचार रउरा के सफलता के राह देखाई। कामकाज में बदलाव के संभावना बा। संघतिया से मदद मिली। स्वास्थ्य सामान्य रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ रचनात्मक कामन में रुचि बढ़ी। धन से जुड़ल फैसला सोच-समझ के लीं। परिवार में खुसी के खबर मिल सकेला।

Read Also : Rohit Sharma : रोहित शर्मा के भविष्य पs BCCI के रुख से साफ भइल तस्वीर, 2027 वनडे वर्ल्ड कप में खेलत देखाई दे सकेलें हिटमैन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]