02 मार्च 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2022

दिनांक- 02/03/2022 श्री गणेशाय नमः  आज के पंचांग फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-अमावस्या रात के 10 बजके 55 मिनट ले, ओकरा बाद प्रतिपदा। दिन-बुध शतभिष नक्षत्र रात के 02 बजके 39 मिनट ले। पूर्वाभाद्रपद नक्षत्र।

Share

दिनांक- 02/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-अमावस्या

रात के 10 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन-बुध

शतभिष नक्षत्र

रात के 02 बजके 39 मिनट ले।

पूर्वाभाद्रपद नक्षत्र।

शिव जोग

भोर के 08 बजके 10  मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्धि जोग।

चर करण।

स्नान दान अमावस्या।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-03/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-प्रतिपदा

रात के 09 बजके 58 मिनट ले।

दिन-बियफे

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

रात के 02 बजके 27 मिनट ले।

साध्य जोग

रात के 04 बजके 11  मिनट ले।

किंस्तुन करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 धरम-करम में मन लागल बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

  बाबूजी के सहजोग मिली। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। पारिवारिक जीवन सुख से भरल रही। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  बेवसायिक ममिला में डेग आगा बढ़ी, चलल आवत समस्या के समाधान होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 शिक्षा के क्षेत्र में सफलता मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  विरोधी लोग सक्रिय रही। ससुरार कावर से लाभ हो सकेला, भाग-दउर रही। मानसिक तनाव हो सकेला। राजनैतिक चाहत पूरा होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

  राउर कइल काम पूरा होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 काम के पूरा होखला से राउर परभाव बढ़ी। रचना के कोसिस सफल रही। दामपत्य जिनगी में मिठास आई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 बेवसायिक ममिला में जोखिम मत लीं। खीस पs लागम राखीं, विवाद के इस्तिथी बन सकेला। भाग-दउर रही। कइल गइल मेहनत सफल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

 पद आ प्रतिष्ठा बढ़ी। धरम-करम के काम से बेसी उरजा मिली। बेवसायिक बढ़न्ती होई। रिस्ता आउर मजबूत होई। रचना के काम में सफलता मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 शिक्षा का क्षेत्र में सफलता मिली। धन-सम्मान यश किर्ति में इजाफा होई। कवनो काम के पूरा होखला से राउर आत्मबल बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 विरोधी लो हार मानी। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म सम्मान आउर बढ़ी। धन यश किर्ति बढ़ी। नाया संबंध बनी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 रचना के काम में सफलता मिली। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.