[the_ad_group id="30365"]

उपहार सिनेमा फेरु से चर्चा में ,जानी एह बार काहें चर्चा में बा उपहार सिनेमा?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्रायल बाय फायर के पोस्टर:एहि बेबसिरिज पs रोक लगावे के भइल बा मांग

 

उपहार सिनेमा फेरु से चर्चा में ,जानी एह बार काहें चर्चा में बा उपहार सिनेमा?
दिल्ली के बड़ा फेमस सिनेमा कांड उपहार सिनेमा आजु फेरु से चरचा के केंद्र में बा एह बार ओकरा चरचा में रहला के बजह ओह पs बनल वेबसिरिज “Trial by Fire” बिया जवन आजु शुक्रवार के ओटीटी प्लेटफॉर्म नेटफ्लिक्स पs रिलीज होई।
उपहार सिनेमा पs बनल वेबसिरीज Trial by Fire पs रोक लगावे पs हाइकोर्ट के इनकार ।
उपहार सिनेमा अग्निकांड के लेके बनल वेबसिरिज ‘ट्रायल बाय फायर’ पs दिल्ली हाइकोर्ट रोक लगावे से मना कई देले बा । उपहार सिनेमा के मालिक सुशील अंसल दरअसल एह वेबसिरिज पs रोक लगावे के मांग करत हाइकोर्ट में एगो याचिका डलले रहले जवना पs हाइकोर्ट अब आपन फसीला सुना देलस आ एह याचिका के खारिज करत एह वेबसिरीज पs रोक लगावे से मना कई देलस।ई वेबसिरिज 13 जनवरी माने शुक्रवार के ओटीटी प्लेटफॉर्म नेटफ्लिक्स पs रिलीज होई।

उपहार अग्निकांड के दोषी:अंसल भाई
उपहार सिनेमा:जहां भइल रहे 1997 में भीषण अगलगी

उपहार सिनेमा घटना पs बनल वेबसिरिज ट्रायल बाय फायर के 13 जनवरी के रिलीज पs एह कांड में दोषी करार दिहल आ एह कांड में सजा पावे वाला एह सिनेमा के मालिक सुशील अंसल एह पs रोक लगावे के मांग हाइकोर्ट से कइले रहले हs हाइकोर्ट अब एह याचिका पs अगिला बुध के सुनवाई करी ।
दरसअल सुशील अंसल के ई दलील बा कि एह वेबसिरिज में सिनेमा के मालिक के किरदार के बहुते बेकार तरीका से देखावल गईल बा। सिनेमा के मालिक के किरदार के बहुते घटिया आ नैतिक रूप से गिरल आदमी के रूप में देखावल गईल बा आ अतने ना एह घटना के तथ्यनों के बड़ा मनमाना तरीका से देखावल गईल बा। “ट्रायल बाय फायर” 13 जनवरी के लोहड़ी के दिने रिलीज होखे से पहिलहीं विवाद में फंस गईल बिया। दरअसल साल 1997 में भइल दिल्ली के चर्चित अग्निकाण्ड उपहार सिनेमा अग्निकांड मामला में सज़ा काट रहल ओकर मालिक आ रियल एस्टेट कारोबारी सुशील अंसल एह वेबसिरिज पs रोक लगावे ख़ातिर हाइकोर्ट के दरवाजा खटखटवले रहलें।
असल मे अंसल वेब सीरीज ‘ट्रायल बाई फायर’ के रिलीज पs रोक लगावे के मांग कइले रहले। ई वेब सीरीज 13 जनवरी के नेटफ्लिक्स पsरिलीज होखे जा रहल बीया। अंसल एकरा पहिले एहि कांड पs एहि नाव से लिखाइल किताब ट्रायल बाई फायर: द ट्रेजिक ट्रेल ऑफ उपहार ट्रेजेडी परो रोक लगावे की गोहार लगावात कोर्ट पहुंचल रहले।
सुशील अंसल अपना दलील में कहले बाड़े कि एह सबके जरिए उनका के कानूनी आ सामाजिक रूप से दंडित कइल गइल बा। कहल ई जा रहल बा कि ई सीरीज उपहार कांड में पीड़ित एगो दंपति द्वारा लिखल गईल किताब पs आधारित बा। कृष्णमूर्ति दंपति जे अपना दु गो लइकन के ओह अग्निकांड में गंवा देले रहे लोग उहे लोग के एहि नॉव से लिखाइल किताब पs ई वेबसिरिज बनल बिया।एह रिलीज से अंसल के बहुते हानि होई । उनकर प्रतिष्ठा आ निजता के अधिकार के हनन होई ।
का हs उपहार सिनेमा अग्निकांड?
Uphaar Cinema Fire Tragedy : 13 जून, 1997 के उपहार सिनेमा में हिंदी फिल्म ‘बॉर्डर’ के स्क्रीनिंग के बेरा भीषण आग लाग गईल रहे। जवना में सरकारी आंकड़ा के मोताबिक कुल 59 लोगन के मउत हो गईल रहे । जांच में उपहार प्रबंधन की ढेरे लापरवाहियन आ बेसी टिकटन के बेच के बेसी पइसा कमाए के फेरा में कइल गईल अवैध कामन के भी पोल खुलल रहे। बाद में अंसल के लोग हाईकोर्ट स्टाफ के साथ मिलकर कोर्ट के दस्तावेजनो में हेराफेरियो कइले रहले ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]