[the_ad_group id="30365"]

मछरी मंगावे वाला ग्राहक से ज़ोमेटो के ” एक मछली पानी में गई छपाक ” वाली मजेदार बातचीत वायरल हो गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs एगो मजाकिया बात चीत के आदान-प्रदान भइलऽ आ अब ई वायरल हो रहलऽ बा, जब ज़ोमेटो पs एगो ग्राहक के खाना के ऑर्डर पs मजाकिया प्रतिक्रिया मिललऽ, जेकरा चलते इंस्टाग्राम रील्स के दौर में एगो लोकप्रिय गेम शुरू भइलऽ।

 

एह गेम में खिलाड़ी बारी-बारी से “एक मछली” आ “पानी मे गयी”, “छपाकs” जइसन बात कहेलें। आ मछरी के गिनती में बढ़ोतरी होला आ एह तरे इ खेलऽ चलेला ।

 

 

ज़ोमेटो एक्स पs एगो स्क्रीनशॉट शेयर कईलस, जवना के पहिले ट्विटर के नाम से जानल जात रहे, जवना में रितिका नाम के एगो ग्राहक के संगे बातचीत देखाई देलस, जवन कि एगो फिश फ्राई के ऑर्डर देले रहले। आ गलती से पता गलत दे देले रहे उहे लेके बात चित के दउरान आपन ऑनलाइन मौजूदगी खातिर मशहूर ज़ोमेटो के सोशल मीडिया टीम एगो शरारती “पानी मैं गई” के संगे मस्ती में रितिका के रिप्लाई करs देलसs , रितिका वाइब चेक पास कs देली अवुरी तुरंत “छपाक” के संगे फॉलोअप कईली ।

इ चैट पूरा सोशल मीडिया पs छाई बा,लोग के जोमाटो के इ मजाकिया अंदाज खूब पसंद आ रहलs बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]