Zomato के सह-संस्थापक मोहित गुप्ता के इस्तीफा, बनल रहिहें कंपनी में निवेशक

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2022

ऑर्डरिंग ऐप जोमैटो के सह-संस्थापक मोहित गुप्ता अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। हालांकि ऊ जोमैटो में निवेशक बनल रहिहें। र। एगो नियामकीय फाइलिंग में जोमैटो मोहित गुप्ता के बिदाई संदेश संलग्न कइले बा,

Share

ऑर्डरिंग ऐप जोमैटो के सह-संस्थापक मोहित गुप्ता अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। हालांकि ऊ जोमैटो में निवेशक बनल रहिहें। र। एगो नियामकीय फाइलिंग में जोमैटो मोहित गुप्ता के बिदाई संदेश संलग्न कइले बा, जमे कहल गइल बा कि ऊ जोमैटो में ‘लमहर समय तक’ निवेशक रहिहें।

मोहित गुप्ता के गइल हाल के हफ्तन में फूड डिलीवरी कंपनी से तीसरा हाई प्रोफाइल इस्तीफा हs। Zomato के सह-संस्थापक मोहित गुप्ता साढ़े चार साल के कार्यकाल के बाद कंपनी छोड़ देले बाड़े।

कर्मचारियन के देले ई सनेस 

अपना बिदाई सनेस में मोहित गुप्ता कहलें कि हम रउआ सभे के बरिसन से सीखल गइल हर एक चीज प आगे बढ़त देखे खातिर उत्सुक बानी। कबो मत थकs, सीखत रहs आ एगो अइसन संगठन के निर्माण करs जवन बाकी दुनिया के खातिर एगो आदर्श होखे। गुप्ता एगो आउर संस्थापक, दीपिंदर गोयल, जे वर्तमान मुख्य कार्यकारी अधिकारी बाड़े, उनकर साथ आ वरिष्ठ कर्मचारियन के प्रशंसा कइलें। ऊ कहलें कि COVID-19 महामारी के चुनौतियन के बावजूद ऊ बाजार के “बड़ आ लाभदायक बेवसाय” बनावे खातिर अथक काम कइलें।

2018 में बनल रहलें कंपनी के हिस्सा

मोहित गुप्ता 2018 में Zomato में फूड डिलीवरी के प्रमुख के रूप में सामिल भइलें। बाद में उनका के 2021 में नया बेवसायन के देखरेख खातिर सह-संस्थापक के रूप में पदोन्नत कइल गइल, जब गंजू के फूड डिलीवरी के सीईओ बनावल गइल। Zomato में सामिल होखे से पहिले मोहित गुप्ता ट्रैवल पोर्टल Makemytrip के मुख्य परिचालन अधिकारी रहस।

टेक शेयरन के मंदी के बीचे, खाद्य वितरण कंपनी जोमैटो के एह साल शेयर बाजार में जबरदस्त नुकसान भइल बा, काहेकि बीएसई प एकरा शेयर के कीमत 162 रुपिया के अपना पीक से 50 प्रतिशत से बेसी गिर गइल बा।

तीसरका हाई प्रोफाइल इस्तीफा

Zomato के पूर्व खाद्य वितरण प्रमुख राहुल गंजू एह सप्ताह के सुरुआत में इस्तीफा दे देले रहस, जबकि एकर इंटरसिटी लीजेंड्स सेवा के प्रमुख सिद्धार्थ झावर कुछ दिन पहिले घोषणा कइलें कि ऊ कंपनी छोड़ देले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.