[the_ad_group id="30365"]

यूट्यूबर बना देलस ‘मोर करी’ बनावे के रेसिपी, वीडियो वायरल, दर्ज भइल केस, यूट्यूबर भइल फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना से एगो हैरानी के मामला सामने आइल बा। इहाँ सिरसिला के कोडम प्रणय कुमार नांव के यूट्यूबर एगो वीडियो अपलोड कइले बाड़े। एह वीडियो में उ मोर के करी बनावे के तरीका बता रहल बाड़े। ई वीडियो अपलोड कइला के बाद कुछ समय में ई वायरल हो गइल। एकरा बाद मामला पुलिस तक पहुंच गइल बा। पुलिस यूट्यूबर के गिरफ्तार करे के कोशिश में लागल बिया।

यूट्यूबर कोडम प्रणय कुमार के खिलाफ वन्यजीव संरक्षण अधिनियम के तहत मामला दर्ज भइल बा। अधिकारी लोग के कहनाम बा कि इ वीडियो जानवरन के क्रूरता के बढ़ावा देत बा। एकरा अलावे एकरा में कवनो संरक्षित प्रजाति के हत्यो शामिल बा।

पुलिस मामला दर्ज करवले बिया

मौका पs पहुंच के पुलिस करी जब्त कऽ लेलस। करी के जांच खातिर लैब भेज दिहल गइल बा। जदी दावा सही साबित हो गइल तऽ प्रणय कुमार के गंभीर कानूनी नतीजा के सामना करे के पड़ सकता। बता दीं कि भारत में मोर रखल भा पकड़ल गैरकानूनी मानल जाला। एह कानून के उल्लंघन करे पs कड़ा जुर्माना लगावल जा सकेला। पुलिस के कहनाम बा कि यूट्यूबर प्रणय कुमार के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। रिपोर्ट अइला के बाद संबंधित खंड बढ़ावल जा सकेला। एकरा संगे-संगे पशु अधिकार कार्यकर्ता के ओर से ए मुद्दा के उठावे के बाद वीडियो भी हटा दिहल गइल बा।

पुलिस यूट्यूबर के खोज में लागल बिया

रजन्ना सिरसिला जिला के एसपी अखिल महाजन सोशल मीडिया प लिखले कि, ‘आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज हो गइल बा।’ एह तरह के काम में लिप्त कवनो आदमी पs कड़ा कार्रवाई कइल जाई। उ कहले कि जल्दिए आरोपी के गिरफ्तार क रिमांड पs भेज दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]