[the_ad_group id="30365"]

डीआरएम आफिस में घुसके युवक एसीएम के जड़लस जोरदार थप्पड़, बोलल- 500 रुपिया के शर्त लागल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली. उत्तर प्रदेश के बरेली में दोस्तन से 5 सौ रुपिया के शर्त लगला के बाद एगो जुवक इज्जतनगर रेल मंडल के सहायक वाणिज्य प्रबंधक (एसीएम) के दफ्तर में घुसके उनका के थप्पड़ जड़ देलस।

एह घटना से दफ्तर में मवजूद तमाम कर्मचारी हक्का-बक्का रह गइल लो। ऊ लोग भागे के कोसिस कर रहल जुवक के दबोच लिहल आ पुलिस के हवाले क दिहल। एसीएम के ओर से थाना इज्जतनगर में रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा।

एसीएम मुकेश कुमार सोमार के दुपहरिया करीब पौने चार बजे अपना दफ्तर में सरकारी कामकाज निपटावत रहस, एही दौरान अचके उनका दफ्तर में एगो जुवक घुसल आ सीधे उनका टेबल के लगे पहुंचके उनका के थप्पड़ जड़ देलस। जुवक के हरकत से एसीएम मुकेश कुमार के संगे दफ्तर में मवजूद कर्मचारिय सकता में आ गइल लो। थप्पड़ मरला के बाद जुवक भागे के कोसिस करे लागल त कर्मचारी लोग घेरके ओकरा के दबोच लिहल। एह प जुवक उनका संगे गालीगलौज करत जान से मारे के धमकी देवे लागल। पूछताछ में जुवक आपन नाम धीरेंद्र गंगवार बतवलस। ऊ लिंकर एन्क्लेव में रहेला। मुकेश कुमार पुलिस के दिहल तहरीर में ओकरा प सरकारी काम में बाधा डाले के आरोपो लगवले बाड़ें।

धीरेंद्र पुलिस के बतवलस कि ओकरा कॉलोनी में रहे वाला मनोज आ रवि उनकर दोस्त बा लो। ऊ लोग शर्त लगवले रहे कि जदि ऊ ऑफिस में घुसके एसीएम के थप्पड़ मार दिहें तs ऊ पांच सौ रुपिया दी लो। एकरा बाद ऊ एसीएम के थप्पड़ मार देलस। इंस्पेक्टर इज्ज्तनगर संजय धीर बतवले कि आरोपी के खिलाफ केस दर्ज क के जांच कइल जा रहल बा। ओकरा दोस्तन के हिस्ट्री निकालल जाई।

शराब के नशा में धुत रहे 

एसीएम मुकेश कुमार के कार्यालय में घुसके थप्पड़ मारे वाला धीरेंद्र गंगवार घटना के दौरान शराब के नशा में एह कदर धुत रहे कि ओकरा पते ना रहे कि ऊ केकरा कार्यालय में घुसल बा आ केकरा के थप्पड़ मार देले बा। कार्यालय में मवजूद कर्मचारियन के हाथन पकड़ल गइला के बाद ऊ गालीगलौज करत ओह लोग से छूटके भागे के कोसिस करत रहे।

आरोपी शराब के नशा में धुत रहे। ओकरा के कार्यालय में मवजूद कर्मचारी पकड़के पुलिस के हवाले क देलस। ओकरा खिलाफ एसीएम के ओर से थाना इज्जतनगर में तहरीर दिहल गइल बा।
– राजेंद्र सिंह, जनसंपर्क अधिकारी, इज्जतनगर मंडल.

Source : palpalindia

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]