[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: घर से सांझी के शादी में गइल रहे चचंल, सुबेरे मउत के आइल सूचना- गोली मार के हत्या

गोरखपुर न्यूज़
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के बेलघाट थाना क्षेत्र के सोपाई गांव के एगो युवक के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। बतावल जाता कि अतवार के सांझ मरेवाला अभिषेक चंद उर्फ ​​चंचल गांव से गोरखपुर सिंघड़ियां मंगलिक कार्यक्रम में शामिल होखे आईल रहले। एही बीच गांव के कुछ लोग से विवाद हो गईल।

गांव वापसी के दौरान गांव के नजदिक मनबढ़ गोली मार देले। गांव के लोग चंचल के घायल हालत में अस्पताल में भर्ती करवले। बतावल जाता कि एs विवाद में चंचल के तीन गोली लागल बा। तीनों गोली माथा पs लागल रहे।

शिकायत के आधार पs परिवार ओही गांव के मनवेंद्र सिंह, ज्ञानेन्द्र सिंह अतुल सिंह के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]