[the_ad_group id="30365"]

सड़क हादसा में युवक के मौत : दोस्त के संगे बाइक से करत रहे सफर, रास्ता में अज्ञात वाहन रउदलस; दूसरका घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज जिला के मीरगंज थाना क्षेत्र के जिगना ढाला के लगे अज्ञात वाहन के धक्का से 18 वर्षीय बाइक सवार युवक के मौत हो गइल, जबकि दूसरका जुवक बुरा तरे जख्मी हो गइल। जख्मी जुवक के सदर अस्पताल में भर्ती करावल ​गइल। जबकि मृतक के शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज दिहल गइल बा। मृतक के पहचान नगर थाना क्षेत्र के कररिया गांव निवासी अवधेश प्रसाद के 18 वर्षीय लईका अविनाश कुमार के रूप में भइल।

मृतक फैक्ट्री में पिछला चार महीना से काम करत रहे आ दारोगा के तइयारियो करत रहे। एही बीच ऊ अपना संघतिया असनारायण राय के बेटा विकास कुमार के संगे बाइक पs सवार होके सीवान के पचरुखी गइल रहे। वापस लवटला के दौरान जइसही ऊ मीरगंज थाना क्षेत्र के जिगना ढाला के लगे पहुंचल। तबे एगो अज्ञात वाहन धक्का मार दिहल आ मवका के फायदा उठाके फरार हो गइल। धक्का लगतही मवके पs ओकर मौत हो गइल। जबकि ओकर दोस्त विकास जख्मी हो गइल।

जख्मी के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल 

जख्मी दोस्त एकर सूचना पुलिस के देलस। सूचना पाके मवका पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस, जबकि जख्मी के सदर अस्पताल में भर्ती करवलस। जहां ओकर इलाज डॉक्टर के देख-रेख में चल रहल बा। मृतक के पिता बतवलें कि तीन भाइयन में सबसे छोट रहे। एह साल ऊ इंटर के परीक्षा देके दारोगा के तइयारी करत रहे। संगही परिवार खातिर फायर फैक्ट्री में काम करत रहे। जब ऊ पांच साल के रहे तबे मां के मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]