[the_ad_group id="30365"]

सीवान में अज्ञात वाहन के ठोकर से जुवक के मौत: सामान किने बाजार गइल रहे बाइक सवार, सड़क किनारे पड़ल मिलल लाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में सड़क दुर्घटना में जुवक के मौत हो गइल। धनौती ओपी थाना क्षेत्र के धनौती-बदली मोड़ के बीच हादसा भइल। जहां अज्ञात वाहन टक्कर मार देलस। मृतक धनौती ओपी थाना क्षेत्र के धनौती के रहे वाला सुरेश चौहान के पुत्र मंदीप कुमार (31) हवे। मंदीप मंगर के सांझ करीब 6.30 बजे सामान किने बाइक से बाजार गइल रहस। तबे रस्ता में कवनो अज्ञात वाहन के चपेट में अइला से मौत हो गइल।

मंदीप गांव में मजदूरी करत रहस

रात के 10 बजे तक घर वापस ना लवटला पs घर वाला लोग उनका के खोजल सुरू कइल। घर वाला खोजत-खोजत बदली मोड़ के तरफ गइल लो तs मंदीप सड़क के किनारे पड़ल मिलल। परिजन लोग ओकरा के सीवान के सदर अस्पताल में भर्ती करवाल जहां डॉक्टर लोग मृत घोषित कs दिहल।

मंदीप गांवे में मजदूरी के काम करत रहस। ओकर एगो 2 साल के लइका बा। मृत्यु के सूचना के बाद पत्नी सहित परिजनन के रो-रोकर बुरा हाल हो रहल बा। धनौती ओपी थाना के पुलिस शव के पंचनामा करवला के बाद शव के पोस्टमॉर्टम करवलस आ परिजनन के रात के 12 बजे सउप देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]