Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फिर से धर्म परिवर्तन करावत पकड़ल गइल युवक, पिपराइच थाना में एह तरह के तीसरा मामिला

409

गोरखपुर के पिपराइच इलाका के महुअंवा खुर्द गांव में मंगर के प्रलोभन देकर लोग के ईसाई बनावे के आरोप में पुलिस एगो युवक के गिरफ्तार कइलस। आरोप बा कि मंगर के धर्म सभा आयोजित कs के ई लोग धर्म परिवर्तन करावत रहलें। पकड़ल गइल आरोपी अखिलेश के नाम पिछले बेर भी सामने आइल रहे, लेकिन पुलिस तीन लोग के जेल भेजले रहे अउर अखिलेश के छोड़ दिहल गइल रहे।

पुलिस प्रधान ऋषिकेश के तहरीर पर केस दर्ज कs के आरोपी के कोर्ट में पेश कइलस, जहां से जेल भेजल गइल। प्रधान के तहरीर पर पुलिस आरोपी के खिलाफ धर्म परिवर्तन, जालसाजी, मेडिकल काउंसिल एक्ट की धारा में केस दर्ज कs के जांच शुरू क देहलस। पकड़ल गइल आरोपी के पहचान में महराजी निवासी अखिलेश प्रसाद के रूप में भइल रहे।

प्रधान तहरीर में लिखल रहे कि गांव के अखिलेश प्रसाद कुछ दिन से गांव में खास क के अनुसूचित जाति के लोग के रुपया, आराम के जिंदगी, मिशनरी स्कूल में दाखिला, रोजगार जइसन लुभावना प्रलोभन दे के मनोवैज्ञानिक रूप से धर्म परिवर्तन करे के दबाव बना रहल बानें।

जौन लोग उनके बहकावे में नाइ आ रहल बानें, उनके ई लोग कैंसर, पेट दर्द, कान बहना, गटई में दर्द जइसन बीमारी बता के सेवा भाव के नाटक रच रहल बानें, ताकि, ऊ धर्म परिवर्तन कर लें। पुलिस प्रधान के एही आरोप के आधार पs केस दर्ज कs लेहले बानें।

344290cookie-checkफिर से धर्म परिवर्तन करावत पकड़ल गइल युवक, पिपराइच थाना में एह तरह के तीसरा मामिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.