[the_ad_group id="30365"]

लूट के विरोध कइला पs जुवक के मरलस चाकू: बाजार से वापस लवटे के दौरान बनवलस निशाना, जख्मी कs फरार भइलें अपराधी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में अपराधी एगो जुवक के लूट के विरोध करे पs चाकू मारके जख्मी कs देले बाड़ें सs। घटना सीवान के गोरेयाकोठी थाना क्षेत्र के सरारी गांव के काली मंदिर के लगे के हs। बियफे के रात करीब 9.30 बजे हथियार से लैस अपराधी लूटपाट के कोसिस कइले रहलें सs।

जख्मी जुवक के पहचान गोरेयाकोठी थाना क्षेत्र के सरारी गांव निवासी शंकर पांडे के पुत्र दिनेश पांडे (32) के रूप में भइल बा। स्थानीय लोगन के मदद से दिनेश के इलाज खातिर सीवान सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जहां प्राथमिक उपचार के बाद इस्थिति गंभीर के देख डॉक्टर लोग पटना रेफर कs देले बा लो।

चाकू मारके भइले सs फरार

परिजन लोग बतावल की दिनेश पांडे बाजार गइल रहस। बाइक से, वापस अपना घरे लवटत रहलें। एही दौरान करीब 4 के संख्या में अपराधी लधी गांव के लगे दिनेश के रोकके लूटपाट करे के कोसिस कइल लो। तब दिनेश कवनो तरे अपराधियन के चंगुल से भाग निकलल।

अपराधी पीछा करत सरारी गांव के लगे काली मंदिर तक पहुंचलें सs आ दिनेश पांडे के घेर के पईसा, मोबाइल आ बाइक छीने के कोसिस कइलें सs। दिनेश पांडे जब अपराधियन के विरोध कइलें तs अपराधी दनादन चाकू से प्रहार कs के जख्मी कs देलें सs आ मवका पाके फरार हो गइलें सs। परिजन सीवान सदर अस्पताल से लेके पटना पीएमसीएच खातिर निकल कइल लो।

आवेदन मिलला पs होई कार्रवाई

गोरेयाकोठी थाना अध्यक्ष सूरज कुमार बतवलें कि परिजनन के ओर से अभी कवनो आवेदन नइखे प्राप्त भइल। आवेदन प्राप्त होखला पs पुलिस आगे के कार्रवाई करी।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]