[the_ad_group id="30365"]

युवक भर दिहलस बुढ़िया के मांग, चुटकी-चुटकी डालत गइल सिंदूर, सात जनम के आशीर्वाद देवे लगले लोग, बाकिर… 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs वायरल होखे के पागलपन एतना बढ़ रहल बा कि लोग रिश्तन के इज्जत भुला रहल बा। कबो कवनो लईकी कवनो बुढ़वा से बियाह करे के नाटक करेले तs केहु मालिक के नाटक कs के अपना चेला से बियाह करे के दावा करेले। लेकिन असलियत में इs सब खाली वीडियो के वायरल करे खातीर कईल जाता। अइसने एगो हास्यास्पद वीडियो आजकल इंस्टाग्राम पs वायरल हो रहल बा, ई देखत कि राउर खून कवन उबल जाई। एह वायरल वीडियो में एगो लईका अपना से बहुत बड़ बुढ़िया के मांग पs चुटकी -चुटकी सिंदूर डालत देखाई देता।

ओकरा ठीक बगल में एगो पातर लाठी लेके चले वाली मेहरारू कवनो संस्कार कs रहल बिया। एकरा अलावे बुढ़िया के पीछे एगो अवुरी महिला मौजूद बाड़ी। लईका के नाम आजाद पटेल हs। जब ओकर प्रोफाइल स्कैन कइनी तs देखनी कि ऊ मनोरंजन खातिर अइसने कई गो वीडियो बनावत रहेलें। एकर मकसद कवनो तरीका से वीडियो के वायरल बनावल बा। कुछ वीडियो में ऊ एगो लइकी के रोमांस करेला तs कुछ में ऊ एगो बुढ़िया के मदद करेला। अब जवना औरत से उs एह वीडियो में बियाह करत देखाई देतारे, दूसरा वीडियो में उ उहे महिला के आपन महतारी बना देले बाड़े।

हालांकि कुछ लोग जहां ए दुनो के सातों जनम खातीर आशीर्वाद देतारे, उहें अधिकांश लोग अश्लील टिप्पणी करतारे। प्रदीप भारद्वाज नाम के एगो यूजर लिखले बाड़न कि दादी आ पोता के रिश्ता में कलंक लागल बा। साथही रीमा गोस्वामी लिखले बाड़ी कि कइसन कलियुग, दादी के उमिर के केहू से बियाह कर रहल बाड़े। जबकि ऋतिक चौहान अपना कमेंट में लिखले बाड़न कि ‘भाई, का रउरा सिंदूर के मतलब समझ में आवत बा? यार, लाइक कमेंट खातिर लोग का करेला, उs तहरा माई के उमिर के बाड़ी… अपना के सुधारीं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]