[the_ad_group id="30365"]

साफ बेदाग त्वचा खातीर मूंगफली से बना सकेनी होममेड फेस स्क्रब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साफ बेदाग त्वचा खातीर मूंगफली से बना सकेनी होममेड फेस स्क्रब

आज के भाग दउड के जीवन में हमनी के अपना त्वचा पे ध्यान देवे में असमर्थ बानी जा, जवना के चलते हमनी के त्वचा सूखल अउरी बेजान हो जाला अउरी संगही रुखल त्वचा के समस्या भी देखाई देता। ए सभ समस्या खातीर हमनी के अक्सर पार्लर में जाके चाहे बाजार में महंगा स्क्रब खरीद के अपना त्वचा के सुधारे के कोशिश करेनी, लेकिन एकर असर अउरी चमक लंबा समय तक ना रहेला।

अगर रउआ भी आपन त्वचा बेहतर चाहत बानी त मूंगफली के स्क्रब के इस्तेमाल क सकेनी। आईं जानल जाव कि मूंगफली के स्क्रब कइसे बनावल जा सकेला……

मूंगफली के स्क्रब कईसे बनावल जाला-

मूंगफली के स्क्रब बनावे खातिर कुछ सामग्री के जरूरत पड़ी-

• एगो छोट कटोरी मूंगफली के

•2 चम्मच कॉफी पाउडर के बा

•2 चम्मच शहद के बा

•गुलाब जल

मूंगफली के मिक्सर में पीस के ओकरा बाद इ सामग्री डाल दीं। रउआ अपना हिसाब से गुलाब के पानी के इस्तेमाल कर सकेनी, अगर रउआ मोट स्क्रब बनावे के बा त गुलाब के पानी के इस्तेमाल कम करीं।

मूंगफली के स्क्रब के इस्तेमाल कईसे कईल जाला-

• स्क्रब करे से पहिले फेस वॉश चाहे कवनो प्रकार के क्लींजर से चेहरा धो लीं।

• साफ करे खातिर भाप भी ले सकेनी।

•एकरा बाद हल्का भींजल चेहरा पे मूंगफली के स्क्रब लगाई।

•स्क्रब के चेहरा पे गोलाकार गति से 5-10 मिनट तक मालिश करीं।

•एकरा बाद सादा पानी से मुंह धो लीं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]