Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मात्र 247 रुपया में अइसे खरीदीं Moto E13! Flipkart पs सेल आजु से भईल सुरू, जानि एकर फीचर्स

Moto E13 Price in India: आज यानी 15 फरवरी से Motorola ब्रैंड के एह बजट स्मार्टफोन के Flipkart Sale शुरू होखे वाला बा ।सेल सुरू होखे से पहिले जानि मोटो ई13 के दाम, फीचर्स आ फोन के संगे मिले वाला कुल्ह ऑफर।

1,979

भारत में Moto E13 की कीमत: आज यानी 15 फरवरी से Motorola ब्रांड के एह बजट स्मार्टफोन के फ्लिपकार्ट सेल शुरू होखे वाला बा।

Moto E13 Flipkart Sale: हैंडसेट निर्माता कंपनी Motorola पिछला हफ्ता ग्राहकन खातिर आपन नया बजट स्मार्टफोन मोटो ई13 लॉन्च कइले रहे आ आज माने 15 फरवरी से एह मोटोरोला मोबाइल फोन के बिक्री फ्लिपकार्ट पर सुरू हो रहल बा । सेल सुरू होखे से पहिले जानि एह हैंडसेट के कीमत, फीचर्स आ Flipkart Offers के बारे में।

फोटो क्रेडिट : मोटोरोला

 

Moto E13 Price in India: एह मोटोरोला स्मार्टफोन के 2 जीबी रैम/64 जीबी स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 6,999 रुपया बा । ओहिजे,4 जीबी रैम/64 जीबी वेरिएंट के दाम 7,999 रुपया बा । बाकिर जियो एक्सक्लूसिव ऑफर के फायदा उठाई के एह फोन पs फ्लैट 700 रुपया के  कैशबैक मिलला के बाद ई फोन 6,299 रुपया आ 7,299 रुपया में आई।

 

फोटो क्रेडिट : मोटरोला

 

Moto E13 Specifications: फोन में 6.5 इंच के एलसीडी डिस्प्ले  बा जवन एचडी प्लस रिजॉल्यूशन आ 60 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट के संगे बा. मोटो ई13 में यूनिसॉक टी606 प्रोसेसर के साथे ग्राफिक्स खातिर इंटीग्रेटेड माली जी57 जीपीयू दिहल गइल बा।

 

Moto E13 Camera, बैटरी: Motorola ब्रैंड के एह फोन में 13MP के रियर सेंसर आ 5MP के सेल्फी कैमरा दिहल गइल बा । 5000 एमएएच के बैटरी फोन में जान फूंके के काम करत बिया जवन 10 वॉट चार्जिंग के सपोर्ट करत बिया ,फोन टाइप-सी चार्जिंग पोर्ट के साथे मार्केट में आइल बा, कंपनी के दावा बा कि बैटरी सिंगल चार्ज पs 36 घंटा तक लागतार चल सकत बिया ।

फोटो क्रेडिट:मोटोरोला

 

FilipCart offers:  एह फोन के संगे HSBC, IndusInd  आ OneCard  क्रेडिट कार्ड आ  ईएमआई ट्रांजैक्शन पs 1000 रुपया तक छूट मिली।फ्लिपकार्ट एक्सिस बैंक कार्ड पs 5 प्रतिशत कैशबैक आ महिनवारी 247 रुपये के शुरुआती ईएमआई के भी सुविधा रवा सब के मिल सकतs बा ।

 

 

 

462110cookie-checkमात्र 247 रुपया में अइसे खरीदीं Moto E13! Flipkart पs सेल आजु से भईल सुरू, जानि एकर फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.