[the_ad_group id="30365"]

कमला राय कॉलेज में 30 सितंबर तक कइल जा सकत बा आवेदन: गोपालगंज में सर्टिफिकेट इन इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी कोर्स में दाखिला लेवे के मवका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज में सर्टिफिकेट इन इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी (सीआईटी) कोर्स में एडमिशन लेवे खातिर 30 सितंबर तक आवेदन करे के अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल बा। छूटल छात्र छात्रा नामांकन खातिर आपन आवेदन दे सकत बा लो।

बतावल गइल बा कि जेपी यूनिवर्सिटी के अंगीभूत कमला राय कॉलेज में सर्टिफिकेट इन इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी (सीआईटी) कोर्स ना होखे के कारण छात्र छात्रा लोगन में बहुते मायूसी रहे। ओकरा के देखत एही साल जेपी यूनिवर्सिटी द्वारा सर्टिफिकेट इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी कोर्स के सुरुआत कइल गइल।

छात्र-छात्रा एमे रुचि नइखे ले पा रहल लो। आलम ई बा कि अभी ले एह कोर्स खातिर छवे गो आवेदन जमा हो पाइल बा। हालांकि यूनिवर्सिटी द्वारा पहिले आवेदन करे के अंतिम तिथि 11 सितंबर रहे, ओकरा बाद एकरा के 21 सितंबर तक विस्तारित कइल गइल रहे।

अब 30 सितंबर अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल बा। बता दीं कि सीआईटी कोर्स ओइसन छात्र कs सकत बा लो, जे कवनो विषय से प्लस टू के डिग्री लेले बा, ऊ नामांकन ले सकत बा लो। एह कोर्स के सत्र जुलाई 2023 से मान्य बा। छव महीना के कोर्स खातिर नामांकन लेवे वाला छात्रन के 6300 रुपिया शुल्क देवे के बा।

ओइसन छात्र, जे स्नातक में नामांकन करावे के बा, उहो छात्र एह कोर्स में नामांकन लेके स्नातक के डिग्री के संगही एहू कोर्स के डिग्री ले सकत बा लो। प्राचार्य प्रो. रुखसाना खातून बतवली कि सर्टिफिकेट इन इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी (सीआईटी) कोर्स में एडमिशन खातिर अब तक मात्र छव गो छात्र आवेदन देले बा लो। एह कोर्स में एडमिशन खातिर 30 सितंबर तक तिथि के विस्तार कइल गइल बा। इच्छुक छात्र कॉलेज में आके एडमिशन करा लेवे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]