[the_ad_group id="30365"]

बड़हलगंज में नाराज होके घर से निकलल जुवक के चोर समझकर लोग पीटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बड़हलगंज के नेवादा गांव में मंगर के भोर में गांव के लोग चोर समझके घर से नाराज होके निकलल जुवक आ ओकरा स्वजन के पकड़ लेलस। आरोप बा कि ओकनी के पिटाई  कs देलस। जानकारी होखला पs पहुंचल बड़हलगंज थाना पुलिस सबका के थाना ले आइल। पूछताछ आ जांच के बाद दुपहरिया में घरे भेज देलस।

देवरिया जिला के एकौना थाना क्षेत्र के कोल केशव गांव के गोलू नसा के आदी हs। सोमार के स्वजन नशा करे से मना कइल लो तs ऊ घर छोड़के चल गइल। ओकरा के खोजत गांव के जुवक आ परिवार के महिला नेवादा गांव में पहुंच गइल लो। जवना के बाद रखवाली कs रहल गांव के लोग  चोर समझके सभे के पकड़ लेलस।

घटना के वीडियो इंटरनेट मीडिया पs तेजी से प्रसारित हो रहल बा। एसपी साउथ जितेंद्र कुमार बतवलें कि गलतफहमी में गांव के लोग जुवक आ ओकरा स्वजन के पकड़ लेले रहे। पूछताछ आ जांच के बाद सभे के घर भेज दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]