[the_ad_group id="30365"]

मोदी के रैली में योगी के लउकल संस्कार, PM मोदी योगी की दिहले सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी लोकसभा चुनाव 2024 : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल के दिने लोकसभा उम्मीदवार जितिन प्रसाद के पक्ष में जनसभा करावे खातिर उत्तर प्रदेश के पीलीभीत चहुँप गइलन. एह जनसभा में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी मौजूद रहले। एकरा अलावे यूपी भाजपा प्रमुख भूपेंद्र सिंह चौधरी, बरेली के सांसद संतोष गंगवार भी मंच पs मौजूद रहले।

एह दौरान कुछ अइसन भइल जवना पs हर जगह चर्चा हो रहल बा. दरअसल, जब सीएम योगी के संबोधित करे खातिर मंच पs बोलावल गईल तs पीएम मोदी के सोझा जाए के बजाय उs कुर्सी उतार के पीछे से जाए के कोशिश करत रहले। एही बीच पीएम मोदी उनुकर हाथ पकड़ के पीछे से ना आगे से मंच पs जाए के कहले।

अब एकर वीडियो वायरल हो रहल बा। दरअसल, हालही में मेरठ में भइल रैली के संबोधित करे खातिर सीएम योगी के बोलावल गइल तs ऊ पीछे से मंच पs चल गइलन. अबकी बेर पीएम मोदी सीएम के अयीसन करे से रोक देले। जवना के बहुत चर्चा हो रहल बा। नीचे दिहल वीडियो में आप देख सकत बानी कि कइसे पीएम मोदी सीएम से पीछे के जगह से आगे से जाए के कहले।

पीएम पीलीभीत में का कहले?

दूसर ओर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पीलीभीत में कहले कि आज भारत के आवाज़ पूरा दुनिया में सुनाई देता। इहे राउर वोट के ताकत हs। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल के पीलीभीत में भाजपा उम्मीदवार जितिन प्रसाद के पक्ष में चुनावी सभा के संबोधित करत रहले।

एह दौरान उs कहले कि आपके वोट से मजबूत सरकार बनल बा। भाजपा सरकार दुनिया के देखा दिहलस कि भारत केहू से कम नइखे. जब नीयत सही होला आ मनोबल अधिका होला तs परिणाम भी सही होला.

प्रधानमंत्री कहले कि हमनी के एगो विकसित भारत के संकल्प पs काम करतानी। भारत दुनिया के सबसे तेजी से बढ़त आर्थिक शक्ति बन गइल बा। हमार चंद्रयान चंद्रमा पs तिरंगा फहरा दिहलस। भारत में आयोजित जी-20 के पूरा दुनिया में तारीफ भइल बा। पूरा दुनिया के कठिनाई के बीच भारत आज देखा रहल बा कि ओकरा खातिर कुछुओ असंभव नईखे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]