[the_ad_group id="30365"]

यूपी में फेर चलल योगी के बुलडोजर, अकबरनगर में एक दिन में ढहाइल 165 अवैध निर्माण; सबसे तेज कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के अकबरनगर में एक दिन में 165 अवैध निर्माण ढहाइल। अब तक कुल 614 अवैध निर्माण के ढाहल जा चुकल बा। एकरा साथही अकबरनगर में सबसे तेज एक्शन देखे के मिलल बा। मलबा गिरला के बाद आसपास के इलाकन में धुआ से प्रदूषण ना फइले एकरा लिए 15 वाटर टैंकर लगाके छिड़कावो कइल गइल ।

कुकरैल नदी पs कब्जा कऽ के अवैध रूप से बसावल गइल अकबरनगर प्रथम आ द्वितीय के ध्वस्तीकरण कऽ के एलडीए अबही तक के सबसे तेज कार्रवाई शुक के कइलस। एकही दिन में एलडीए अकबरनगर प्रथम के 165 अवैध निर्माण के ध्वस्त कऽ देलस।

लगातार 13 घंटे के कार्रवाई के दौरान एलडीए उपाध्यक्ष डा. इंद्रमणि त्रिपाठी सहित कई गो अधिकारी मौका पs डटल रहले।

अबही ले एलडीए 614 अवैध निर्माण के ढहऽवइलस। एलडीए दू से तीन दिन में अकबरनगर प्रथम के पूरा तरे ध्वस्त करे के तैयारी कइले बा। एलडीए शुक के अकबरनगर प्रथम में 15 बड़ पोकलैंड मशीन आ 12 जेसीबी के एक साथे उतरले रहे। ई मशीन रास्ता में आवे वाला तीन से चार मंजिला अवैध मकानन के देखते देखते गिरा देलस।

ध्वस्तीकरण खातिर यातायात डायवर्ट

मलबा गिरला के बाद आसपास के इलाकम में धुआ प्रदूषण ना फइले, एकरा खातिर 15 वाटर टैंकर लगा के छिड़कावो कइल गइल। अकबरनगर प्रथम में ध्वस्तीकरण खातिर यातायात के डायवर्ट कइल गइल बा।

आरएएफ आ पुलिस के मौजूदगी में एलडीए ध्वस्तीकरण शुरू कइलस। संयुक्त सचिव सुशील प्रताप सिंह आ अपर सचिव ज्ञानेंद्र वर्मा दू अलग-अलग टीम के कमान संभलिहें।

बांध के दुनु ओर से जेसीबी आ पोकलैंड के उतारल गइल। पहिले सामने आ रहल छोट अवैध निर्माण के गिराके आगे बढ़े के रास्ता बनावल गइल। एही बीच लोगन के इहाँ से बसंतकुंज योजना में पीएम आवास खातिर सामान लेके जाए के सिलसिलो जारी रहल। नगर निगम लोगन के मदद खातिर 42 लोडर वाहनन के तैयार कइलस।

ई वाहन दिनभर अकबरनगर के लोगन के सामान लेके बसंत कुंज योजना के चक्कर काटत रहल। शुक के कुल 79 लोगन के पीएम आवास के कब्जा दे दिहल गइल। अबही ले कुल 971 लोगन के पीएम आवास दिहल गइल। बसंत कुंज योजना में सचिव विवेक श्रीवास्तव सहित कई अधिकारी मौका पs लोगन के कब्जा दिआवत रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]