योगी कहलें- ऐतिहासिक अउर अभूतपूर्व होई अयोध्या के दीपोत्सव, सीएम देहलें धनतेरस अउर दिवाली के बधाई

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 22, 2022

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि एह बेर दीपोत्सव ऐतिहासिक अउर अभूतपूर्व होइ। सुक्क रात सीएम आवास पर अयोध्या दीपोत्सव के तैयारियन के समीक्षा करत मुख्यमंत्री कहलें कि हर साल रिकॉर्ड दीया जरले से ई आयोजन

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि एह बेर दीपोत्सव ऐतिहासिक अउर अभूतपूर्व होइ। सुक्क रात सीएम आवास पर अयोध्या दीपोत्सव के तैयारियन के समीक्षा करत मुख्यमंत्री कहलें कि हर साल रिकॉर्ड दीया जरले से ई आयोजन वैश्विक मंच पर नयका ऊंचाई के छू रहल बा।

मुख्यमंत्री कहलें कि दीपोत्सव में भगवान श्रीराम के अयोध्या वापसी, भरत मिलाप, श्रीराम राज्याभिषेक प्रसंग के प्रतीकात्मक चित्रण भी होई। प्रधानमंत्री के ओर से सरयू के आरती भी उतारल जाई। ऊ कहलें कि एह अवसर पर समयानुकूल सुमधुर भजन, आरती, मानस के चौपाई अउर दोहा के गायन होखे के चाहीं। ऊ कहलें कि एसे समारोह अउर अधिक शोभायमान अउर अविस्मरणीय होई। ऊ कहलें कि मुख्य समारोह से पहले पूरे अयोध्या जिला में स्वच्छता अउर सैनिटाइजेशन का विशेष अभियान चलावल जाय। कौनो भी श्रद्धालु अथवा पर्यटक के अनावश्यक परेशानी न उठावे के पड़े।

मुख्यमंत्री प्रधानमंत्री के मौजूदगी के चलते सुरक्षा व्यवस्था के पुख्ता इंतजाम करने के निर्देश दिहलें। उ कहलें कि प्रधानमंत्री के सुरक्षा व्यवस्था के मानक के पूरा तरह पालन होखे के चाहीं। एहमें गलती के कौनो गुंजाइश नाइ होखे के चाहीं। ऊ अयोध्या के सीमावर्ती  जिला के अलर्ट रखले अउर सीमा पर अपर पुलिस अधीक्षक स्तर के अधिकारियन के तैनात करे के निर्देश देहलें। ऊ अयोध्या में निर्बाध विद्युत आपूर्ति सुनिश्चित करे के भी निर्देश दिहलें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.