[the_ad_group id="30365"]

चुनाव खत्‍म होखते एक्‍शन में योगी सरकार, यूपी के एह जिला में दू अधि‍कार‍ियन सह‍ित चार निलंबित; काहे भइल कार्रवाई?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के मामला में कार्रवाई कइल गइल बा। मामला यूपी के बुलंदशहर के हऽ। खाद्य आ रसद आयुक्त सौरभ बाबू बतवले कि बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के शिकायत पs जिलाधिकारी अपर जिलाधिकारी (प्रशासन) के अध्यक्षता में समिति के गठन कर के जांच करवले रहले।

बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के मामला में जिला खाद्य विपणन अधिकारी जिया अहमद करीम, विपणन निरीक्षक सुधीर कुमार, पूर्ति निरीक्षक विवेक श्रीवास्तव के साथही जिलापूर्ति अधिकारी सुनील सिंह के निलंबित करत विभागीय कार्यवाही शुरू कइल गइल बा।

खाद्य एवं रसद आयुक्त सौरभ बाबू बतवले कि बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के शिकायत पs जिलाधिकारी अपर जिलाधिकारी (प्रशासन) के अध्यक्षता में समिति के गठन कऽ के जांच करवले रहले।

जांच में भइल कालाबाजारी के खुलासा 

एह मामले में डिपो प्रभारी शालिनी पचौरी, क्षेत्रीय विपणन अधिकारी इंद्रपाल सिंह, विपणन निरीक्षक गौरव कुमार, विनोद कुमार दोहरे, मुकेश कुमार, राजीव शर्मा आ मनोज कुमार के विरुद्ध खाद्यान्न भेजे में लापरवाही आ अभिलेखन के उचित रख-रखाव ना करे के लेके विभागीय कार्यवाही के संस्तुति कइल गइल। समिति के जांच में जिला के सदर ब्लॉक में सिंगल स्टेज परिवहन व्यवस्था में सार्वजनिक वितरण प्रणाली के सरकारी खाद्यान्न की कालाबाजारी आ दुरुपयोग पावल गइल।

एह मामला में हैंडलिंग परिवहन ठेकेदार रविंद्र सिंह, सुधीर कुमार, विपणन निरीक्षक बुलंदशहर, अंकुर सिंह, शिवकुमार, वकील खां, पिंकी, पवन के विरुद्ध सरकारी खाद्यान्न के कालाबाजारी आ दुरुपयोग करे खातिर अभियोग पंजीकृत करावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]