[the_ad_group id="30365"]

UP News : योगी सरकार वाहन स्वामियन के दिहलस बड़ सौगात, पांच साल के ट्रैफिक चालान निरस्त, सब वाहनन पs लागू 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योगी सरकार प्रदेश के निजी आ कामर्शियल वाहन स्वामियन के बड़ सौगात देले बा। योगी सरकार यूपी में लमहर समय से वाहन चालान के भुगतान ना करे वाला मालिकन के रियायत देत ओकर चालान निरस्त कs देले बिया। सीएम योगी के एह फैसला से प्रदेश के लाखन वाहन मालिकन राहत के सांस लेलें बा लो। ई ओह वाहन चालकन खातिर खुशखबरी बा जेकर अलग-अलग ट्रैफिक नियमन के उल्लंघन में चालान काटल गइल रहे। अइसन में जेतना उत्तर प्रदेश में 1 जनवरी 2017 से 31 दिसंबर 2021 के बीच चालान काटल गइल बा। ओकर सब चालान निरस्त कs दिहल गइल बा। संगही जवन अलग- अलग न्यायालयन में लंबित बा। ई सब वाहनन पs लागू होई।

2 जून 2023 के माध्यम से लागू कइल गइल बेवस्था

परिवहन आयुक्त चंद्र भूषण सिंह सब संभागीय परिवहन अधिकारियन के निरदेस देलें बाड़ें कि न्यायालय में उपसमित वादन के सूची प्राप्त कs के एह चालानन के पोर्टल से डिलीट कs दिहल  जाव। यूपी सरकार के एह डेग से बाकी लोगन के बड़ राहत मिली। शासन के ओर से एह संबंध में निरदेस सब संभागीय परिवहन कार्यालयन में भेज दिहल गइल बा। आदेस में कहल गइल बा कि न्यायालय में लंबित चालान के सूची प्राप्त कs के ई चालान पोर्टल से एकरा के हटा दिहल जाव। आदेस के मोताबिक, एक जनवरी 2017 से 31 दिसंबर 2021 के अवधि में काटल गइल चालानन के निरस्त कइल जा रहल बा। परिवहन आयुक्त बतवलें कि उत्तर प्रदेश अध्यादेश संख्या 2 जून 2023 के माध्यम से ई बेवस्था लागू कइल गइल बा कि पुरान लंबित चालान निरस्त करा दिहल जाव। मालूम होखे कि नोएडा में किसान एह तरे से चालान के निरस्त करे के मांग करत धरना देत रहे लो। एसे पूरा उत्तर प्रदेश में करोड़न लोगन के चालान माफ होखे के रस्ता साफ हो गइल बा।

घबराये के जरूरत नइखे

ओहिजा, एह अवधि के बाद वाला वाहन चालकन के घबराये के जरूरत नइखे। रउआ घर बैठे ऑनलाइन ट्रैफिक चालान भर सकत बानी। यूपी ट्रैफिक पुलिस के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके पूरा जानकारी एकत्रित कs सकत बानी। एकरा खातिर खाली गाड़ी के नंबर पता होखे के चाहीं। खास बात ई बा है कि गलत चालान पs आप इहवें से शिकायतो कs सकत बानी। हालांकि, वाहन के चालान कटला पs मोबाइलो नंबर पs मैसेज जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]