[the_ad_group id="30365"]

योग टिप्स : बाल में रूसी के समस्या से उबरे खातीर एह योगासन के अभ्यास करीं, रूसी से छुटकारा मिल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योग टिप्स : बाल में रूसी के समस्या से उबरे खातीर एह योगासन के अभ्यास करीं, रूसी से छुटकारा मिल जाई

 

रूसी के समस्या के चलते बाल गिरल शुरू हो जाला। आ बाल मे रूसी हो जाला। एकरा से छुटकारा पावे खातीर लोग बाल के अलग-अलग प्रकार के सामान, घरेलू उपाय अपनावेले। बाकिर का रउरा मालूम बा कि रूसी काहे होला? असल में रूसी के समस्या तब होखेला जब सिर अउरी माथा में खून के संचार कमजोर होखेला। माथा के पर्याप्त पोषण ना मिले के चलते इ कमजोर हो जाला। बाल सूख जाला अउरी जड़ से गिरे लागेला। जड़ से रूसी के समस्या के दूर करे खातिर योगासन फायदेमंद बा। नियमित योग व्यायाम क के आप सिर के जड़ से बाल के मजबूत क सकतानी। रूसी के खतम करे में दुगो योग आसन मददगार होखेला। एह में से एगो योग मुद्रा अधोमुख स्वनासन ह, जबकि दूसरा उत्तानासन ह। एह दुनो योगासन के अउरी कई गो फायदा बा। आईं अइसने दू गो योगासन के बारे में जानल जाव, जवना से जड़ से रूसी खतम हो जाई।

 

अधोमुख श्वानासन 

अधोमुख स्वानासन के अधोमुख मुद्रा के नाम से भी जानल जाला। एह आसन के कइला से बाल के जड़ में उचित मात्रा में ऑक्सीजन के प्रवाह होला। एकर नियमित इस्तेमाल बाल गिरला के समस्या से छुटकारा पावे में मदद करेला। एह आसन के कइला से राउर खून के संचार में सुधार होला।

 

अधोमुख श्वानासन  करने का तरीका-

•एह आसन के करे खातिर सीधा चटाई पर खड़ा हो जाइ।

• अब कमर से देह के मोड़ के आगे झुक के दुनो हाथ से जमीन के छूईं।

• एह दौरान गोड़ आ हाथ के बीच लगभग दू फीट के दूरी बनाईं।

• अब हाथ आगे बढ़ावत, जमीन के लगे माथा ले लीं।

• कोहनी आ घुटना ना मोड़ल जाव। 30 से 40 सेकंड तक ए मुद्रा में रहीं अउरी ओकरा बाद सीधा खड़ा रहीं।

 

उत्तानासन

रूसी खतम करे के अलावे उत्तानासन अउरी बहुत मामला में फायदेमंद होखेला। गोड़ में दर्द अउरी अकड़न के समस्या खातीर भी इ योग फायदेमंद हो सकता।

 

उत्तानासन कईले के तरीका-

•एह आसन के करे खातिर सीधा चटाई पर खड़ा हो जाइ।

•गोड़ के एक संगे जोड़ के शरीर के नीचे के ओर मोड़ लीं।

•घुटना के सीधा राखीं आ दुनु हाथ के नीचे ले जाईं।

• एतना नीचे उतरीं कि पेट घुटना के छू सके।

अब कोशिश करीं कि हथेलियन के जमीन पर भा एड़ी के लगे राखल जाव।

• कुछ सेकंड तक एही स्थिति में रहीं आ ओकरा बाद सीधा पीछे खड़ा रहीं।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]