Yoga: वेट लॉस खातीर इ योगासन बा बहुत कारगर,अइसे करब त 1 हफ्ता में घटी वजन

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2023

आज के जीवनशैली के चलते बहुत लोग मोटापा से परेशान बाड़े अवुरी अपना वजन कम कईल चाहतारे, लेकिन तमाम कोशिश के बाद भी उ लोग वजन कम करे में सक्षम नईखन। हालांकि वजन घटावल बहुत

Share

आज के जीवनशैली के चलते बहुत लोग मोटापा से परेशान बाड़े अवुरी अपना वजन कम कईल चाहतारे, लेकिन तमाम कोशिश के बाद भी उ लोग वजन कम करे में सक्षम नईखन। हालांकि वजन घटावल बहुत मुश्किल नईखे, लेकिन सही तरीका के पालन कईल जरूरी बा। कुछ लोग वजन घटावे खातिर खाना-पीना छोड़ देला, चाहे एकरा उलट सीधा वसा घटावे वाला पेय पदार्थ पीये लागेला, लेकिन वजन कम करे खातीर आपके वसा घटावे वाला पेय पदार्थ चाहे उपवास के जरूरत नईखे, लेकिन आप अपना जीवनशैली में बदलाव क के अवुरी योग अपना के वजन कम क सकतानी।

मोटापा से ग्रस्त लोग जादातर कब्ज से पीड़ित होखेले, उनुका डायबिटीज, हाई बीपी, दिल के बेमारी, जोड़ में दर्द आदि होखेला। त आईं बताईं कि रउरा अपना वजन के कइसे कम कर सकीलें। बताईं कि कवन कवन योगासन ह, जवना के मदद से आप आपन वजन कम क सकतानी।

इ 10 योगासन घटाइ राउर वजन

१-सूर्य नमस्कार

२-ताड़ासन 

३-त्रिकोणासन 

४-हलासन 

५-पवनमुक्तासन  

६-पश्चिमोतासन

७-शशांकासन 

८-योगमुद्रा 

९-भुजंगासन 

१०-धनुरासन

एह सब बात के राखीं ध्यान 

~खानपान अवुरी व्यायाम के बीच संतुलन जरूरी बा ना त कतनो मेहनत करीं, आपके मनचाहा नतीजा ना मिली।

~अधिका से अधिका पानी के सेवन करीं। दिन में 3-4 लीटर पानी पीये के चाहीं।

~ रोज सबेरे भा साँझ तेज कदम से कम से कम तीन किलोमीटर पैदल चलीं।

~ एकरा अलावे वजन घटावे में दौड़, तैराकी, खेलल, साइकिल चलावल भी फायदेमंद होखेला।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.