बिस्तर पे योग : अगर रउरा आलसी बानी ?, तबो वजन कम क सकतानी, बिस्तर पे ही करी इ आसन 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2023

बिस्तर पे करे खातिर योगासन : बिस्तर पे लेट के भी योग कर सकेनी। अइसन कवन योगासन ह जवन आसानी से कइल जा सकेला, ऊहो लेट के आ बिछौना पे बइठ के। आई जानि जा-

Share

बिस्तर पे करे खातिर योगासन : बिस्तर पे लेट के भी योग कर सकेनी। अइसन कवन योगासन ह जवन आसानी से कइल जा सकेला, ऊहो लेट के आ बिछौना पे बइठ के। आई जानि जा-

बिस्तर पे रहत घरी करे के योगासन : योग करीं आ कवनो तरह के कसरत करीं, जरूरी बा कि रउरा एकर नियमित पालन करीं। वइसे भी एक उमिर के बाद आ घंटन एक जगह बईठला के बाद हमेशा दिनचर्या में वर्कआउट करे के सलाह दिहल जाला। लेकिन अयीसन समय में जवन लोग बिस्तर से आसानी से ना उठेला, उ लोग के समस्या के सामना करे के पड़ेला। अगर रउआ भी अइसन आलसी आदमी बानी जे बस बिछौना पे लेट के योग करे के चाहत बानी। त, अब रउआ भी चिंता करे के जरूरत नईखे। बिस्तर पे लेट के भी योग क सकेनी। बतावल जाता कि अइसन कवन योगासन ह जवन आसानी से कइल जा सकेला, ऊहो लेट के ae बिछौना पे बइठ के-

 

बधाकोनासन

एकरा के तितली के आसन भी कहल जाला, जवन कि आप बईठ के चाहे लेट के क सकतानी। गोड़ के दुनो पंजा के जोड़ के गोड़ के घुटना से मोड़ के ऊपर के ओर ले आवे के पड़ेला। अगर बइठ के ई काम आसान कर रहल बानी त दुनु हाथ से पंजा के पकड़ लीं। अगर लेट के कर रहल बानी त हाथ सीधा राखीं। इ आसान पेट के अंग खातीर फायदेमंद होखेला।

 

जानू सिरसासना

एह आसन में माथे से घुटना के छूवे के कोशिश करे के पड़ेला। शर्त इ बा कि आपके घुटना ना झुके के चाही। एक गोड़ सीधा राखीं आ दोसरा गोड़ के भीतर मोड़ दीं। गोड़ के पंजा जवन सीधा होखे ओकरा के पकड़ के दुनो हाथ से पकड़ के आगे झुक जाईं। कमर दर्द में इ मुद्रा फायदेमंद होखेला।

 

परिव्रत सुखासन

एह आसन खातिर गोड़ बान्ह के बइठीं आ बस कमर के मोड़ दीं। पहिले बाईं ओर आ फेर दाहिने ओर। आसन के भी एही तरह से दोहराईं। एह मुद्रा से कमर दर्द में भी राहत मिलेला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.