[the_ad_group id="30365"]

Mohsin Khan: 31 साल के एक्‍टर भइले हार्ट अटैक के श‍िकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

टेलीविजन अभिनेता मोहसिन खान के रउरा जानत होखब. भारत के पसंदीदा टीवी सीरियल “ये रिश्ता क्या कहलता है” में उs कार्तिक गोयनका के किरदार निभवले रहले। हाल ही में मोहसिन खान अपना स्वास्थ्य से जुड़ल एगो चौंकावे वाला खुलासा कईले बाड़े। उs बतवले कि 31 साल के उमिर में उनुका दिल के दौरा पड़ल बा।

डॉक्टर बतवले कि उनुका फैटी लि‍वर हो गइल बा अवुरी इहे हार्ट अटैक के पीछे मुख्य कारन बा। फैटी लिवर से दिल के दौरा पड़े के खतरा बढ़ सकता, काहेंकी एकरा चलते धमनियन में कोलेस्ट्रॉल जमा हो जाला, जवन कि दिल में खून के बहाव के रोक सकता। फैटी लिवर के बेमारी, खास तौर पs गैर-अल्कोहल के बेमारी, वैश्विक स्तर पs बढ़ रहल बा। खानपान में गलती अवुरी व्यायाम के कमी के चलते फैटी लि‍वर हो सकता, बाकिर शराब ना पिए वाला लोग में भी इs हो सकता, जवना के चलते इs एगो खामोश बाकिर खतरनाक स्थिति हो सकता। मोहसिन के मामला में इd बेमारी एतना बढ़ गईल रहे कि उनुकर दिल प्रभावित हो गईल, जवना के चलते दिल के दौरा पड़ गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]