[the_ad_group id="30365"]

Wow! अब महिला के हवाई जहाज में आपन पसंद के सीट चुने के आजादी मिल रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडिगो एयरलाइंस एगो बयान जारी कई के कहलस कि, ‘इंडिगो के एगो नाया फीचर के लॉन्चिंग के घोषणा करत गर्व बा, एकर मकसद महिला यात्री खातीर यात्रा के अनुभव के आ आरामदायक बनावल बा।

अब महिला के फ्लाइट में बगल में बइठल पुरुष यात्री के अनचाहा स्पर्श के सामना ना करे के पड़ी। एकरा संगे-संगे जदी खिड़की के सीट से नजारा के मजा लेत बानी आ अचानक वाशरूम में जाए के पड़ता बाकी पुरुष यात्री के निकाल के उहाँ से निकले में संकोच महसूस करतानी तs अब ए स्थिति के चिंता ना करे के पड़ी। काहे कि इंडिगो फ्लाइट महिला यात्रियन के सुरक्षा आ आराम के पूरा ध्यान राखत बिया। इंडिगो महिला खातिर एगो खास पहल कइले बिया। एयरलाइन कंपनी इंडिगो महिला यात्री खातीर विशेष सुविधा देले बिया। एकरा तहत अब सीट बुक करे वाली महिला वेब चेक-इन के समय बाकी महिला यात्री के ओर से बुक कइल सीट के बारे में जान सकतारी। एहसे ओह लोग के आपन सीट चुने में आसानी हो जाई ।

एयरलाइन बुध के दिने जारी बयान में कहलस कि ओकर नया सुविधा के मकसद बा कि महिला यात्रियन खातिर यात्रा के अनुभव अधिका सुलभ बनावल जाव ।

महिला लोग के यात्रा के अनुभव के आ आरामदायक बनावे खातीर इंडिगो ए सुविधा के शुरुआत कइले बिया। इंडिगो के फ्लाइट में चढ़े से पहिले महिला अब देख सकेली कि वेब चेक इन के दौरान आ महिला यात्री के कवन सीट पहिलही बुक क लेले बिया। एह फीचर से महिला यात्री के अपना सुविधा के मुताबिक आपन सीट चुने में मदद मिली। एयरलाइन के कहनाम बा कि, बाजार के शोध के बाद इ फीचर पेश कइल गइल बा, ताकि “महिला यात्री खातीर उनकर यात्रा के अनुभव आ आरामदायक होखे।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]