[the_ad_group id="30365"]

दुनिया के सबसे बड़हन क्रूज जहाज, आइकॉन ऑफ द सीज, टाइटैनिक से 5 गुना बड़हन, तस्वीर में देखीं समंदर के न‌उका बादशाह के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

World’ Largest Cruise Ship: दुनिया के सबसे बड़हन क्रूज जहाज, आइकॉन ऑफ द सीज , ए दिनन चर्चा के केंद्र बनल बा , लॉन्चिंग से पहिले एकरा तस्वीर सोशल मीडिया पs सुर्खी बटोरत बा।

आइकॉन ऑफ द सीज के भव्यता के अंदाजा ए बात से लगावल जा सकेला कि इह इंटरनल वॉल्यूम के मामिला में टाइटैनिक से पांच गुना बड़हन बा। ओहीं, लंबाई के मामिला में टाइटैनिक से 35 फीसदी ढेर लंबा ह। आइकॉन ऑफ द सीज़, 27 जनवरी के होवे वाले आपन मेगा डेब्यू से पहिला समुद्र में उतर चुकल बा।

डेब्यू से पहिले एह जहाज प्यूर्टो रिको में देखल ग‌इल। एमें लगभग 5,610 यात्री आ 2,350 चालक दल के सदस्य बइठ सकेले, न्यूयॉर्क पोस्ट के रिपोर्ट के अनुसार, पोंस, प्यूर्टो रिको में स्थानीय लोगन आ आगंतुकों के विशाल जहाज के एगो झलक दिखावल गईल बा।

एके बन‌उलें में 2 अरब डॉलर के खर्च आ‌‌इल बा। इs बिलकुल न‌उका जहाज हs , जेकर 9 जनवरी के मियामी में पहुंचल तय बा। क्रूज जहाज 23 दिसंबर के अल्जेसिरस के स्पेनिश बंदरगाह से रवाना होई आ पिछिला नौ दिनन में अटलांटिक महासागर के पार करत बिताई। रॉयल कैरेबियन इंटरनेशनल के ‘आइकॉन ऑफ द सी’ के यूरोपीय देश फिनलैंड में बनावल ग‌इल बा। एमें 7 रात के स्‍टे के साथे कईगो पैकेजे बा। एकर लंबा समय से इंतजार क‌इल जात रहे।

रिपोर्ट के अनुसार, जहाज पे सवार होखे वाला आगंतुक मियामी में आपन यात्रा सुरू करीहें आ बहामास, मैक्सिको, होंडुरास सेंट सहित पूर्वी आ पश्चिमी कैरिबियन के बंदरगाह के माध्यम से आइकॉन पs सात रात बित‌इहे ए क्रूज पs 7 पूल आ 9 वर्लपूल हs, एमें सबसे बड़हन वाटरपार्क बा, एमें कुल छह गो वाटर-स्‍लाइड ह।

शिप के लॉन्च क‌इल जाए से पहिले कई बेर टेस्‍ट क‌इल ग‌इल बा। एकर पहिला ट्रायल बीतल साल 22 जून के क‌इल ग‌इल रहे। सीएनएन के अनुसार, आइकॉन ऑफ द सीज 365 मीटर लंबा बा आ एकर वजन अनुमानित 250,800 टन बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]