[the_ad_group id="30365"]

अफ्रीका में सबसे बड़ हिंदू मंदिर के उद्घाटन, खुशी से झूम उठले भारतीय

Africa
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया भर के देशन में रोजगार भा धंधा खातिर जाके भारतीय आपन संस्कृति आ धर्म कबो ना भुलाएलें.  एकरा चलते आज दुनिया के कई देस में मंदिर बा।

अब दक्षिण अफ्रीका में सबसे बड़ हिन्दू मंदिर के उद्घाटन भी हो चुकल बा।  एह मंदिर के उद्घाटन उपराष्ट्रपति पॉल माशातिले कइले रहलें आ अब मंदिर के भी जनता खातिर खोल दिहल गइल बा।


ई मंदिर 14.5 एकड़ जमीन पs बनल बा, जवना में 34,000 वर्ग मीटर के सांस्कृतिक केंद्र, 3000 सीट वाला सभागार, 2000 सीट वाला भोजशाला, शोध संस्थान, कक्षा, प्रदर्शनी आ मनोरंजन केंद्र आ अउरी सुविधा बा।

बता दीं कि साल 2023 में जब प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ब्रिक्स सम्मेलन में शामिल होखे खातिर दक्षिण अफ्रीका पहुंचले रहले तs ओहिजा रहे वाला प्रवासी भारतीय के एगो समूह एह मंदिर के 3D तस्वीर देखवले रहे।

उपराष्ट्रपति पॉल माशातिले बोचासनवासी अक्षर पुरुषोत्तम स्वामीनारायण (BAPS) संस्था के बहु-सांस्कृतिक केंद्र आ मंदिर के पहिला चरण के उद्घाटन करत कहले कि बीएपीएस के  सिद्धांत दक्षिण अफ्रीका के राष्ट्रीय लोकाचार उबुंटू से मिलत जुलत बा।

हिन्दू समुदाय के तारीफ करत उs कहले कि, “राष्ट्र निर्माण में हिन्दू समुदाय के भूमिका पs विचार करे के चाही। एह समुदाय में समृद्ध सांस्कृतिक विरासत आ मूल्य बा आ हमनी के विविध समाज के सामाजिक ताना-बाना के आकार देवे में अहम भूमिका निभवले बा।”

विशाल हिन्दू मंदिर के निर्माण पs भारतीय लोग खुश हो गइल। माशातिले कहले कि इs नाया मंदिर सिर्फ पूजा स्थल ना, बालुक हर पृष्ठभूमि के लोग खातीर शांति, ज्ञान अवुरी आध्यात्मिक समृद्धि के अभयारण्य भी बन जाई।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]