[the_ad_group id="30365"]

श्रीराम लला के आवे के खुशी में 22 जनवरी के दिवाली के रोशनी से जगमग होई दुनिया, अयोध्या से पीएम मोदी के आह्वान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भगवान श्री राम के मंदिर निर्माण आ अयोध्या के विवादित स्थल पs 500 साल बाद श्री राम लला के स्थापना के जश्न मनावे खातिर 22 जनवरी के दीपावली के रोशनी से देश ही ना पूरा दुनिया रोशन कइल जाई। अयोध्या से पीएम मोदी देश के सभे 140 करोड़ लोग से 22 जनवरी के “श्री राम ज्योति” नाम के दीपक के रोशनी से अपना घर के रोशन करे के आह्वान कईले बाड़े। हाथ जोड़ के प्रधानमंत्री जनता से प्रार्थना कइले बाड़न कि भगवान श्री रामलला के अयोध्या वापसी के जश्न मनावे खातिर सगरी देशवासी घर दीप जरा के जरा के जश्न देस। मतलब कि अबकी 22 जनवरी के पूरा देश में ऊर्जा, उम्मीद, आकांक्षा अवुरी उत्साह से भरल एगो नाया दिवाली देखाई दिही। ई दिवाली खाली देश में ना, दुनिया के ओह सब देशन में भी मनावल जाई जहाँ भारतीय रहेला भा भारतीय दूतावास बा।

बता दीं कि 22 जनवरी के पीएम मोदी अयोध्या में बनत प्रभु श्री राम मंदिर के उद्घाटन करीहें आ ओही दिन श्री राम लला के मंदिर में बइठावल जाई।पीएम मोदी अयोध्या से कहले कि भगवान राम के 500 साल बाद स्थायी घर मिल गईल बा। एकरा अलावे देश के 4 करोड़ अवुरी लोग के भी स्थायी मकान मिलल बा। उ कहले कि देश भर के लोग 22 जनवरी के अयोध्या आवे के चाहतारे। एह से उ देशवासियन से निहोरा कईले कि जब आप सब 500 साल से इंतजार करत बानी तs तनी अउरी इंतजार करीं, लेकिन आज के दिन अयोध्या आवे के योजना मत बनाईं। ताकि भगवान के कष्ट ना होखे। पीएम मोदी कहले कि भगवान श्री राम के कवनो भक्त उनुका के परेशान ना कईल चाहतारे। रउआ सभे अपना घर में दीया जरा के।

22 जनवरी के घरन में श्री राम ज्योति जराई

देश के 140 करोड़ लोग के अपील करत पीएम मोदी कहले कि रउआ सभे जहां भी रहीं, रउआ सभे से निहोरा बा कि आज के दिन श्री राम ज्योति के अपना घर में जरा के दीप के रोशनी से आपन घर के रोशन करीं। पीएम मोदी के ए आह्वान के बाद जनता में एगो अलग तरह के उत्साह देखाई देता। जवना तरह से जब भगवान श्री राम लंका में रावण अवुरी राक्षस के हत्या कs के अयोध्या लवटले अवुरी लोग उनुका वापसी के जश्न मनावे खातीर घर में दीप से जरा के दिवाली मनवले, तs पीएम मोदी 22 जनवरी के भी एही तरीका से दिवाली मनावे के आह्वान कईले। संगही उs कहले कि 14 जनवरी के मकर संक्रांति के दिन से 22 जनवरी तक लोग के घर, गांव अवुरी आसपास के मंदिर के साफ-सुथरा राख के श्री राम उत्सव मनावे के चाही। भजन-कीर्तन वs अन्य भक्ति कार्यक्रम करीं।

भारत के संगे पूरा दुनिया में अद्भुत दिवाली होई।

पीएम मोदी के एह आह्वान के बाद 22 जनवरी के भारत में ना बलुक पूरा दुनिया में भव्य आ अद्भुत दिवाली मनावे के तइयारी हो रहल बा। सूत्र के मुताबिक विदेश में मौजूद भारतीय दूतावास के भी एs संबंध में निर्देश दिहल गईल बा। प्रभु श्री राम मंदिर के उद्घाटन के भारत समेत पूरा दुनिया के लाइव देखावे के कार्यक्रम भी बा। संगही, दुनिया भर के भारतीय लोग एs दिन दीपवाली से घर में जरा के दिवाली मनाई। 22 जनवरी के दिन अब से इतिहास के पन्ना में हमेशा सोना के अक्षर में लिखल रही। ई अइसन दिन होई जब अयोध्या में बइठल श्री राम लाला के खुशी में पूरा दुनिया दिवाली मनाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]