[the_ad_group id="30365"]

आज से वनडे विश्व कप के होई आगाज, इंग्लैंड आ न्यूजीलैंड के बीच नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होई कांटा के टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज से वनडे वर्ल्ड कप के आगाज होखे वाला बा। 10 विश्व स्तरीय मैदानन में अब तक के सबसे उत्कृष्ट वनडे विश्व कप खेलल जाई। एकर सुरुआत बियफे के नरेन्द्र मोदी स्टेडियम में 2019 विश्व कप के दु गो फाइनलिस्ट इंग्लैंड आ न्यूजीलैंड के बीच होखे वाला मैच से होई। भारत पहिला मैच अतवार के चेन्नई में आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेली।

48 मैच, 45 दिन, 10 देस आ 10 विश्व स्तरीय मैदानन में अब तक के सबसे उत्कृष्ट वनडे विश्व कप खेलल जाई। एकर सुरुआत बियफे के नरेन्द्र मोदी स्टेडियम में 2019 विश्व कप के दुनो फाइनलिस्ट इंग्लैंड आ न्यूजीलैंड के बीच होखे वाला मैच से होई।

जोस बटलर के कप्तानी में खेली इंग्लैंड

पिछला फाइनल में एह दुनो के बीच अइसन मैच भइल रहे कि आइसीसी के जादे बाउंड्री के आधार पs जीते वाला नियम के बदले के पड़ल रहे। गत विजेता इंग्लैंड अब इयोन मोर्गन के जगह जोस बटलर के कप्तानी में खेली बाकिर उपविजेता टीम के कप्तान अभियो केन विलियमसन बाड़ें। हालांकि ऊ चोट के कारण पहिला मैच में ना खेलिहें।

चेन्नई में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेली भारत

हालांकि ऊ चोट के कारण पहिला मैच में ना खेलिहें। भारत पहिला मैच अतवार के चेन्नई में आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेली। टूर्नामेंट के सबसे महत्वपूर्ण मैच 14 अक्टूबर के मेजबान भारत आ पाकिस्तान के बीच होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]