[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल के पारम्परिक लोकगीत पs आधारित कार्यशाला के समापन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चंद्रकांति रमावती देवी आर्य महिला पीजी कॉलेज, गोरखपुर, बी.एड विभाग आ यायावरी वाया भोजपुरी के संयुक्त तत्वावधान में ‘पूर्वांचल के पारम्परिक लोकगीत’ पs आधारित पांच दिवसीय कार्यशाला के समापन भइल। कॉलेज के मैनेजर डॉ. विजयलक्ष्मी मिश्रा, मुख्य अतिथि डॉ. मिथिलेश तिवारी, विशेष अतिथि रीना त्रिपाठी, आ यायावरी क्लब के हेड श्वेता सुप्रिया माँ सरस्वती के प्रतिमा के माल्यार्पण आ दीपप्रज्जवलन कs के कार्यशाला के शुभारंभ भईल। कॉलेज के प्रबंधक डॉ विजयलक्ष्मी मिश्रा सभे मेहमानन के स्वागत करत परिचय करवली। एह अवसर पs छात्रन के संबोधित करत मुख्य अतिथि डॉ. मिथिलेश तिवारी (शीर्ष गायक) कहली कि ‘भारत के सांस्कृतिक धरोहर के बहुआयामी कलात्मक ऊर्जा प्राचीन काल से लेके वर्तमान ले अपना विभिन्न रूप में मौजूद बा।’ विशेष अतिथि श्रीमती रीना त्रिपाठी सीनियर (सामाजिक कार्यकर्ता) कहली कि ‘पूर्वांचल के पारम्परिक लोकगीतन में मौजूद सह-अस्तित्व के भावना के कवना रूप में स्थानांतरित कइल जाव आ लोक के विकास आ प्रसार खातिर काम कइल जाव।’ यायावरी वाया भोजपुरी के हेड श्वेता सुप्रिया यायावरी क्लब के बारे में विस्तृत जानकारी देके सबके भोजपुरी भाषा के प्रति जागृत कईली।

एह मौका पs विद्यार्थी लोग कजरी, बारहमासा, सगुन, माटीकोड, हल्दी, चुमावन, विवाह कन्यादान, सिन्दुरदान, नकटा, सोहर, खिलौना,बधाई आ होली गीतन के खूबसूरत प्रस्तुति दिहली। पांच दिवसीय कार्यशाला के अनुभव अक्षिता सोलंकी आ पिंकी कुमारी बतवली। बालिका छात्रा के प्रमाण पत्र बांटल गईल।

 

कार्यक्रम के संचालन श्री अनंत पाठक आ श्रीमती ऋचा दुबे मिल के कइले। धन्यवाद ज्ञापन प्रधानाध्यापक डॉ. सुमन सिंह जी दिहली।

 

एह अवसर पs श्रीमती मधु जायसवाल प्रबंधक गंगा प्रसाद स्मारक इण्टर कॉलेज चोरी चौरा, बी०एड्० विभागध्यक्षा डॉ० अपर्णा मिश्रा, उपप्राचार्य डॉ० स्वप्निल पाण्डेय, यायावरी वाया भोजपुरी से यायावरी क्लब के हेड स्वेता सुप्रिया, मीनी, सोनू किशोर, विषय विशेषज्ञ राजनंदिनी तथा बी०एड० विभाग से डॉ० इतेन्द्र धर दूबे, डॉ० विकास कुमार श्रीवास्तव, डॉ० ममता तिवारी, श्री शैलेन्द्र कुमार राव डॉ० सारिका पाण्डेय, श्रीमती श्वेता सिंह इत्यादि उपस्थित रहले लो।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]