Deoria News: मानवाधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय का कामकाजी बैठक संपन्न

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2024

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। मानवाधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय के कामकाजी बैठक सलेमपुर के सिंचाई विभाग के डाक बंगला पs सोमार के कइल गइल। जवना के अध्यक्षता उत्तर प्रदेश के संगठन मंत्री आ देवरिया जिला के

Share

Deoria News: मानवाधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय का कामकाजी बैठक संपन्न

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। मानवाधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय के कामकाजी बैठक सलेमपुर के सिंचाई विभाग के डाक बंगला पs सोमार के कइल गइल। जवना के अध्यक्षता उत्तर प्रदेश के संगठन मंत्री आ देवरिया जिला के जिला अध्यक्ष कर्मवीर योद्धा अखिलेश कुमार योगी कइलें। ऊ अपना संबोधन में कहलें कि मानव अधिकार सहायता संघ अन्याय अत्याचार भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज उठावेला। नवहन के जागरूक करेला। नशा मुक्त समाज के स्थापना करेला आ सरकार के योजनन के जन-जन तक पहुंचावे के काम करेला।

एह अवसर पs अपना संचालन में जिला मंत्री गिरजानंद विश्वकर्मा संघ के बारे में विस्तार से बतवलें। जिला महामंत्री आरती सजिला मंत्री महिला प्रकोष्ट सोनी देवी, जिला कोषाध्यक्ष रंजना देवी, जिला अध्यक्ष दिव्यांग प्रकोष्ठ प्रतिमा पटेल, विधानसभा अध्यक्ष भाटपार प्रेमलता देवी, विधानसभा प्रभारी शारदा देवी, अनीता देवी, रीता देवी, सुदामी देवी, नीता देवी, रेशमा देवी, इंद्रावती देवी, जिला संयोजिका सुनीता देवी, जिला मंत्री संध्या देवी सहित तमाम पदाधिकारी उपस्थित रहे लो।

Read Also: 03 मार्च 2025 राशिफल

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.