Womens Cricket : महिला क्रिकेटरन के भइल चानी, घरेलू मैचन के फीस में बंपर बढ़ोतरी, अंपायरन के फीस बढ़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। बीसीसीआई घरेलू क्रिकेट में समान वेतन बेवस्था के दिशा में बड़ डेग उठावत महिला क्रिकेटरन आ मैच अधिकारियन के मैच फीस दोगुना से जादे बढ़ा देले बा। ई फैसला भारत के पहिला वनडे

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। बीसीसीआई घरेलू क्रिकेट में समान वेतन बेवस्था के दिशा में बड़ डेग उठावत महिला क्रिकेटरन आ मैच अधिकारियन के मैच फीस दोगुना से जादे बढ़ा देले बा। ई फैसला भारत के पहिला वनडे वर्ल्ड कप जीत के बाद लिहल गइल बा आ एकरा बोर्ड के शीर्ष परिषद से मंजूरियो मिल गइल बा।

अब घरेलू टूर्नामेंट में खेले वाला सीनियर महिला क्रिकेटरन के रोज 50 हजार से 60 हजार रुपिया मिली, जबकि पहिले ई फीस 20 हजार रुपिया (रिजर्व खिलाड़ी खातिर 10 हजार रुपिया) रहे। सीनियर महिला घरेलू वनडे टूर्नामेंट में प्लेइंग इलेवन में सामिल खिलाड़ी के 50 हजार रुपिया हर दिन मिली आउर रिजर्व खिलाड़ी के 25 हजार रुपिया दिहल जाई।

टी20 में केतना मिली फीस

राष्ट्रीय टी20 टूर्नामेंट में प्लेइंग इलेवन के खिलाड़ी के 25 हजार रुपिया प्रति मैच, जबकि रिजर्व खिलाड़ी के 12,500 रुपिया मिली। बीसीसीआई के मोताबिक, जदि कवनो महिला क्रिकेटर पूरा सत्र में सब प्रारूप खेली, तs ऊ 12 लाख से 14 लाख रुपिया तक कमा सकी।

एह बढ़न्ती के फायदा अंपायर, मैच रेफरी सहित सब मैच अधिकारियन के मिली। घरेलू टूर्नामेंट के लीग मैच खातिर अंपायर आ मैच रेफरी के रोजाना वेतन 40 हजार रुपिया तय कइल गइल बा, जबकि नॉकआउट मुकाबला में ई रकम 50 हजार से 60 हजार रुपिया तक होई।

बीसीसीआई के माने बा कि एह नया वेतन ढांचा से महिला क्रिकेटरन आ घरेलू मैच अधिकारियन के आर्थिक सुरक्षा मिली आ ऊ लोग आउर मन लगा के खेली आ काम कs सकी।

भारत पहिलकस बेर वनडे वर्ल्ड कप जीतल

एही साल भारतीय महिला टीम साउथ अफ्रीका के हराके पहिलका बेर वनडे वर्ल्ड कप जीतल रहे। एह ऐतिहासिक जीत के बाद टीम इंडिया के चारो तरफ से तारीफ भइल। तीसरका बेर फाइनल में पहुंचला के बाद भारत ई खिताब अपना नामे कइलस।

एकरा पहिले भारत 2005 में पहिलका बेर फाइनल में पहुंचल रहे, बाकिर ऑस्ट्रेलिया से हार गइल। फेर 2017 में भारतीय टीम फाइनल खेलल, बाकिर मेजबान इंग्लैंड खिताब जीत लेलस। ओह दुनो मौका पs टीम के कप्तान मिताली राज रहली।

Read Also: Odisha Naxal Surrender : ओडिशा में 22 माओवादियन के सरेंडर, AK-47 सहित 9 हथियार सउपलें सs; पुलिस एक्शन से नेटवर्क टूटल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.