Odisha Naxal Surrender : ओडिशा में 22 माओवादियन के सरेंडर, AK-47 सहित 9 हथियार सउपलें सs; पुलिस एक्शन से नेटवर्क टूटल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2025

सेंट्रल डेस्क। ओडिशा के माओवाद प्रभावित मलकानगिरी जिला में मंगर के दिन पुलिस के बड़ कामयाबी हाथ लागल। जिला में सक्रिय रहल 22 माओवादी एक संगे सरेंडर कs के हिंसा के रास्ता छोड़ देलें सs।

Share

Maoist Surrender in Malkangiri Odisha

सेंट्रल डेस्क। ओडिशा के माओवाद प्रभावित मलकानगिरी जिला में मंगर के दिन पुलिस के बड़ कामयाबी हाथ लागल। जिला में सक्रिय रहल 22 माओवादी एक संगे सरेंडर कs के हिंसा के रास्ता छोड़ देलें सs। ई घटना ओडिशा में साल 2025 के अब तक के सबसे बड़ सामूहिक माओवादी आत्मसमर्पण मानल जा रहल बा।

सरेंडर करे वाला माओवादियन में एगो डिवीजनल कमेटी मेंबर, छव गाे एरिया कमेटी मेंबर आ 15 साधारण पार्टी सदस्य सामिल बाड़े सs। एकनी के लमहर समय से पुलिस के तलाश रहे आ कइयन पs इनामो घोषित रहे।

मलकानगिरी जिला पुलिस कार्यालय में आयोजित कार्यक्रम में माओवादी पुलिस के साेझा AK-47, INSAS, SLR आ 303 के तीन राइफल सहित कुल 9 हथियार, बड़ मात्रा में गोलाबारूद आ विस्फोटक सामग्री सउपलें सs। बरामद सामानन में 150 राउंड गोली, 13 टिफिन बम, करीब 20 किलो विस्फोटक, जिलेटिन स्टिक, कोडेक्स वायर आ माओवादी साहित्य सामिल बा।

एह आत्मसमर्पण कार्यक्रम में खुद ओडिशा पुलिस महानिदेशक योगेश बहादुर खुरानिया मवजूद रहलें। डीजीपी खुरानिया कहलें कि ई सफलता सुरक्षा बलन के लगातार कार्रवाई, सरकार के विकास योजना आ माओवादी पुनर्वास नीति के नतीजा हs। ऊ बाकी भूमिगत माओवादियन से हिंसा छोड़ के समाज के मुख्यधारा में लवटे के अपील कइलें।

जानकारी के माेताबिक, सरेंडर करे वाला अधिकतर माओवादी आंध्र प्रदेश-ओडिशा सीमा क्षेत्र आ दंडकारण्य विशेष जोन में सक्रिय रहलें सs। सरकार आ पुलिस के ओर से जिला भर में 8 करोड़ रुपिया से जादे के इनामी पोस्टर लगावल गइल रहे, जवना से माओवादियन पs लगातार दबाव बनल।

पुनर्वास आ प्रोत्साहन पैकेज

राज्य सरकार के आत्मसमर्पण नीति के तहत माओवादियन के पद अनुसार आर्थिक सहायता दिहल जाई। डिवीजनल कमेटी मेंबर के 22 लाख रुपिया, एरिया कमेटी मेंबर के 5 लाख 50 हजार आ साधारण सदस्य के 1 लाख 65 हजार रुपिया मिली। हथियार सरेंडर कइला पs अलग-अलग इनाम तय बा। AK-47 पs 3 लाख 30 हजार रुपिया तक दिहल जाई। सब आत्मसमर्पण करे वाला लोगन के 25 हजार रुपिया नकद तात्कालिक मदद दिहल गइल बा।

पुलिस अधिकारियन के माने के बा कि एह सामूहिक सरेंडर से मलकानगिरी आ आसपास के इलाकन में माओवादी नेटवर्क के बड़ झटका लागी आ इलाका में शांति आ विकास के रफ्तार आउर तेज होई।

Read Also: H1B Visa : ट्रंप के वजह से कइयन गाे भारतीयन के नौकरी पs संकट, अमेरिका जाये में आ रहल बा दिक्कत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.