Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महिला लो के मोबाइल पिंक टॉयलेट के साथे कैफे के सुविधा जल्दीए

1,068

मुख्य संवाददाताशहर के महिला लोग के जल्दिए ‘मोबाइल पिंक टॉयलेट विद कैफे’ के सुविधा मिल जाई। पुणे में दू गो कंडम बस के पिंक टॉयलेट आ कैफे में बदल दिहल गइल बा। एहमें से एगो बस आ गइल बा जवना के पैड़लेगंज के लगे खड़ा कs के सजावल जा रहल बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी पछिला अतवार के एकर उद्घाटन कईले रहले। नगर निगम दू गो कंडम बस के कैफे वाला मोबाइल गुलाबी शौचालय में बदले में सोलह लाख रुपिया के रकम खरच कइले बा। एकरा अलावे कोटक महिंद्रा बैंक सीएसआर फंड के माध्यम से भी मदद कईले बा। बस के आगे वाला हिस्सा में महिला टॉयलेट, यूरिनल, वॉसवेसिन, सेनेटरी पैड इंसीनरेटर, सैनेटरी पैड बाक्स अवुरी डायपर बदले अवुरी बच्चा के खाना खियावे खातीर जगह बा। भारतीय आ पश्चिमी शैली के शौचालय के सुविधा उपलब्ध बा।

 

 

763170cookie-checkमहिला लो के मोबाइल पिंक टॉयलेट के साथे कैफे के सुविधा जल्दीए

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.